अजवाइन के एs फंकी खात गैस से फूलत पेट के मिली आराम, एसिडिटी आ खट्टा डकार आइल हो जाई बंद

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 20, 2024

  कई बेर अनहेल्दी खाना खईला से पेट में गैस एसिडिटी के समस्या बढ़ जाला। गैस के चलते पेट फुल जाला अवुरी हल्का दर्द भी शुरू हो जाला। कई बेर पेट में घूमे वाली गैस

Share

पेट में फूलले में अजवाइन फायदेमंद: फोटो

 

कई बेर अनहेल्दी खाना खईला से पेट में गैस एसिडिटी के समस्या बढ़ जाला। गैस के चलते पेट फुल जाला अवुरी हल्का दर्द भी शुरू हो जाला। कई बेर पेट में घूमे वाली गैस के चलते अलग-अलग हिस्सा में दर्द हो सकता। अइसना में अगर तुरंत राहत पावे के बा तs अजवाइन के 1 पैकेट ले लीं। एहसे गैस अवुरी एसिडिटी से तुरंत राहत मिली। अजवाइन पेट अवुरी पाचन खातीर बहुत निमन मानल जाला। अजवाइन में थाइमोल नाम के एगो यौगिक होखेला जवन गैस, एसिडिटी अवुरी अपच से राहत देवेला। एहसे खाना खइते ही फूलल पेट पिचक जाई।

अजवाइन के आयुर्वेद में दवाई मानल जाला। आपके रसोई में मौजूद अजवाइन बहुत समस्या से राहत देवेला। जब भी आपके गैस एसिडिटी होखे भा कुछ गैस वाला चीज़ खाईं तs 1 चम्मच अजवाइन लीं। हल्का पीसल अजवाइन खइला से तुरंत असर पड़ी। पेट फूले के चलते पेट फूलल अजवाइन खईते ही हवा निकाले लागी।

अजवाइन, काला नमक अवुरी हींग कारगर होखेला

इs मिश्रण आप घर में ही तैयार कs सकतानी। एकरा के पाउडर में पीस के भी बनावल जा सकेला। एकरा में 10 ग्राम हींग डाल दी। लगभग 300 ग्राम अजवाइन आ 200 ग्राम काला नमक ले लीं। सब चीज मिला के पीस लीं। एकरा के अईसने मिला के भी रख सकेनी। जब मन करे सबेरे- सांझ के 1-2 चम्मच खा सकेनी। एहसे गैस एसिडिटी से तुरंत राहत मिली। रउरा ई पाउडर तइयार कs के राखीं. जब भी आप अयीसन चीज़ खाईं जवना में गैस होखे तs एs पाउडर के 1 चम्मच जरूर खाईं।

ई लेख सामान्य जानकारी खातिर बा, कवनो उपाय अपनावे से पहिले डॉक्टर से सलाह लीं।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.