कइसे बनी आलू-दू-प्याज़ा, जानीं एकता त्रिपाठी के रसोई से

By Anurag Ranjan

Published on: May 27, 2022

अगर रउवा शाकाहारी बानी त आलू दो प्याजा रउवा खातिर सबसे बढ़िया बा आ अगर रउवा गैर शाकाहारी बानी त हम रउवा के बता दीं कि ई रेसिपी खाए खातिर नॉन वेज लागत बा। एकर

Share

अगर रउवा शाकाहारी बानी त आलू दो प्याजा रउवा खातिर सबसे बढ़िया बा आ अगर रउवा गैर शाकाहारी बानी त हम रउवा के बता दीं कि ई रेसिपी खाए खातिर नॉन वेज लागत बा। एकर स्वाद मटन नियर होला। एकरा के बना के घर में मेहमानन के भी परोस सकेनी। एकरा के बनावल भी बहुत आसान बा। पूरा, रोटी आ गरम पराठा के संगे एकर आनंद ले सकेनी। इ रेसिपी खईला के बाद आप एकरा के बार-बार खाए के मन करी। अगर रउवा अभी तक आजमा के नईखी कईले त आज ही करीं। एकरा के बनावे के तरीका सीखीं।

ई स्वादिष्ट आलू रेसिपी कुरकुरा प्याज, टमाटर के पेस्ट आ भरपूर मात्रा में सुगंधित मसाला के साथ बनावल जाला, जवन खाए में बिल्कुल स्वादिष्ट होला।

आलू दो प्याजा बनावे खातिर सामग्री

4 लोग खातिर रेसिपी

  • छोटे साइज का 6 आलू
  • 6 मीडियम साइज का प्याज
  • 4 से 5 लहसुन के कलियाँ
  • खड़ा मसाला – 1 काली इलायची , 2 छोटी इलायची, 4 लौंग ,5 काली मिर्च, 1 इंच डालचिनी का टुकरा, 1चम्मच जीरा , 1 तेजपट्टा, 4 सुखा लालमिर्च
  • 1/2 चम्मच हल्दी पाउडर
  • नमक स्वाद अनुसार,
  • सरसों का तेल 4 बड़े चम्मच

 

बनावे के विधि

प्याज के मोट-मोट काट लेईं अउर आलू के बिना छिलका उतरले दू हिस्सा में काट ली| ओकरा बाद आलू आ प्याज के पानी में धो लीं ,

अब प्रेशर कुकर गरम करीं फिर ओमें सरसों का तेल डालीं| तेल जब गरम हो जाय त… ओमे सारा खड़ा मसाला के पीस के डाल दीं, ओकरा बाद सूखल लाल मिर्च आ तेजपत्ता डाल दीं, अगर मसाला तनी धरे लागे त ओकरा बाद प्याज आ आलू-प्याज डाल दीं, प्याज आ आलू के कुछ देर ले मद्धिम लौ पर बढ़िया से भून लीं, जब ऊ पानी छोड़े लागे त स्वादानुसार आधा चम्मच नमक हल्दी पाउडर  डालकर थोड़े देर मसाला के भून लेईं| ओकरा बाद आधा कप पानी डाल दी फेर 4 से 5 प्रेशर कुकर में सिटी लगा दीं, ओकरा बाद प्रेशर कुकर ठंडा हो गईल त ओकरा के निकाल लीं रोटी आ अपना पसंद के चावल के साथे परोसीं।

 

  • एकता त्रिपाठी

अइसने अउरी रेसिपी खातिर इन्स्ताग्राम पs फालो करीं

Shreejacakes2022

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.