[the_ad_group id="30365"]

लखपति दीदी योजना में कइसे कs सकत बानी आवेदन, जानी केकरा मिली लाभ आ का बा एकर योग्यता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लखपति दीदी योजना – 1 फरवरी 2024 के वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण (FM Nirmala Sitharaman) संसद में अंतरिम बजट (Interim Budget) पेश कइली। अपना बजट भाषण में उऽ कहली हऽ कि लखपति दीदी योजना के लाभ देश के कइयन गो महिला लोगन के मिल रहल बा। अब एकर लक्ष्य 2 करोड़ से बढ़के 3 करोड़ हो गइल बा। बता दी कि ई योजना महिला लो के आर्थिक मदद देबे खातिर सुरू कइल गइल बा। चलीं, जानल जाव कि एह योजना के लाभ कवन महिला लो के मिलेला। संगही एकरा खातिर कवन-कवन डॉक्यूमेंट्स जरूरी बा।

का हऽ लखपति दीदी योजना  

पीएम मोदी स्वतंत्रता दिवस के भाषण के दौरान एह योजना के एलान कइले रहस। एह योजना के माध्यम से देस भर के गांवन में दु करोड़ महिला लो के कौशल विकास प्रशिक्षण दिहल जाला। एह प्रशिक्षण में महिला लो के प्लंबिंग, एलईडी बल्ब बनावे आ ड्रोन उड़ावे आ ओकर मरम्मत जइसन कइयन गो स्किल्स के ट्रेनिंग दिहल जाला। ई स्कीम हर राज्य के स्वयं सहायता समूह के माध्यम से संचालित कइल जाला।

वित्त मंत्री बजट भाषण में कहली कि देस के कइयन गो महिला लोगन के एह योजना के लाभ मिल रहल बा। अब एह योजना के लाभार्थी के लक्ष्य दु करोड़ से बढ़ाके 3 करोड़ कऽ दिहल गइल बा।

कइसे कइल जाई आवेदन –

  • एह योजना के लाभ पावे खातिर रऊआ ‘स्वयं सहायता समूह’ बिज़नेस प्लान तइयार करे के पड़ी।
  • बिजनेस प्लान तइयार हो गइला के बाद स्वयं सहायता समूह उऽ प्लान आ आवेदन के सरकार के भेजी।
  • एकरा बाद सरकार ए आवदेन प समीक्षा करी। जदि आवेदन स्वीकार हो जाता तऽ रऊआ ए स्कीम के लाभ उठा सकत बानी।
  • एह योजना के तहत कई राज्यन में 5 लाख रूपिया इंटरेस्ट फ्री लोनो दिहल जाला।

कवन-कवन डॉक्यूमेंट्स बा जरूरी 

  • आधार कार्ड (Aadhaar Card)
  • पैन कार्ड (Pan Card)
  • एड्रेस प्रूफ
  • इनकम सर्टिफिकेट
  • रजिस्टर मोबाइल नंबर
  • बैंक अकाउंट डिटेल्स
  • पासपोर्ट साइ फोटो
  • ईमेल आईडी
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]