[the_ad_group id="30365"]

पश्चिम बंगाल: आसनसोल में एगो फैक्ट्री में लागल भीषण आग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आसनसोल के जमुरिया के जादूडांगा इलाका में एगो फैक्ट्री में भारी आग लाग गइल बा। मउका पs बहुत फायर टेंडर मौजूद बा अवुरी आग बुझावे के काम चलता। हालांकि आग कईसे लागल एकर कारण अबे ले पता नईखे चलल, लेकिन फिलहाल कवनो जानमाल के नुकसान के कवनो खबर नईखे।

 

मिलल जानकारी के मुताबिक जमुरिया के जादूडांगा में एगो फैक्ट्री में अचानक आग लगला से इलाका में अराजकता पैदा हो गईल बा। बतावल जाता कि इs फैक्ट्री पेट्रो प्रोडक्ट्स के हs, जहां पीपी फोम के उत्पादन भईल रहे। शिल्पांचल के ड्रीम पॉलीपैक नाम के एह कारखाना के गोदाम में शनिचर के सबेरे आग लाग गइल। आग एतना तेज रहे कि ओकर लपट आसमान के ओर उठत रहे। एह दौरान आग से निकले वाला धुँआ के बादल आसमान में लउक बा।

बता दीं कि पश्चिम बंगाल में आगजनी के घटना तेजी से बढ़ल बा। अबे कुछ दिन पहिले पश्चिम बंगाल के हावड़ा के घुसुड़ी इलाका में प्लास्टिक के फैक्ट्री में भारी आग लाग गईल रहे। फैक्ट्री के आग से निकलत धुआं अवुरी आग के लपट देख के लोग दमकल विभाग के सूचना देले रहले।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]