[the_ad_group id="30365"]

राजस्थान में भीषण सड़क हादसा: भरतपुर में यात्रियन से भरल बस के ट्रक पीछे से मरलस टक्कर, 11 के मउत, कई गो घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

भरतपुर में भइल एगो दुखद हादसा में 11 लोग के मउत हो गइल। एकरा संगे ए दुर्घटना में 12 से जादे लोग घाही हो गईले। घटना के जानकारी मिलला के बाद लखनपुर, नदबई, हलैना अवुरी वैर थाना के पुलिस अधिकारी मौका पs पहुंचले।

घटना के सूचना लखनपुर थाना क्षेत्र के राष्ट्रीय राजमार्ग 21 पs हंतारा के नजदीक सबेरे 5:30 बजे दिहल जाता। दुर्घटना के बाद मौका पs चीख मच गईल। मरेवाला में 6 महिला अवुरी पांच पुरुष शामिल बाड़े। मरेवाला सभे भावनगर (गुजरात) के निवासी बतावल जाता।

बस खराबी के चलते सड़क के किनारे खड़ा रहे

पुलिस के मुताबिक बस भावनगर से मथुरा जात रहे। सबेरे भरतपुर-आगरा राजमार्ग पz अचानक बस खराब हो गइल। बस से ड्राइवर अवुरी उनुकर साथी समेत बाकी यात्री भी बस से उतर गईले। ड्राइवर अवुरी ओकर साथी बस के एडजस्ट करत रहले कि ट्रक ओ लोग के टक्कर मार के साइड में खड़ा लोग के कुचल देलस। एह दौरान ओहिजा से गुजरत दोसरा गाड़ियन के चालक सड़क पd बेहोश लोग के पड़ल देख के पुलिस के फोन क के एम्बुलेंस बोलवले। सभे के लाश भरतपुर जिला अस्पताल के शवदाह गृह में राखल गईल बा।

सड़क पs बिखरल लाश, राजमार्ग पs जाम

दुर्घटना के बाद लाश हाईवे पs बिखर गईल। उहाँ मौजूद लोग एक-एक लाश के बीच सड़क से निकाल के एक ओर रखले। एकरा संगे हाईवे पs जाम हो गईल। पुलिस के कहनाम बा कि, अबे ले पता नईखे चलल कि कवना गाड़ी के चलते टक्कर भईल। घाही लोग के हालत गंभीर बनल बा। होश में अईला के बाद उनुका से पूछताछ कईल जाई।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]