Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

राजस्थान में भीषण सड़क हादसा: भरतपुर में यात्रियन से भरल बस के ट्रक पीछे से मरलस टक्कर, 11 के मउत, कई गो घायल

राजस्थान के भरतपुर जिला में बुधवार के सबेरे एगो भयानक सड़क दुर्घटना हो गईल। इहां गुजरात से यूपी जात यात्रियन से भरल बस के पीछे से ट्रक टक्कर मार दिहलस। बतावल जाता कि जब इ दुर्घटना भईल त बस सड़क के किनारे खड़ा रहे। ए दुर्घटना में 11 लोग के मउत हो चुकल बा, जबकि बहुत लोग घाही हो चुकल बाड़े।

453

 

भरतपुर में भइल एगो दुखद हादसा में 11 लोग के मउत हो गइल। एकरा संगे ए दुर्घटना में 12 से जादे लोग घाही हो गईले। घटना के जानकारी मिलला के बाद लखनपुर, नदबई, हलैना अवुरी वैर थाना के पुलिस अधिकारी मौका पs पहुंचले।

घटना के सूचना लखनपुर थाना क्षेत्र के राष्ट्रीय राजमार्ग 21 पs हंतारा के नजदीक सबेरे 5:30 बजे दिहल जाता। दुर्घटना के बाद मौका पs चीख मच गईल। मरेवाला में 6 महिला अवुरी पांच पुरुष शामिल बाड़े। मरेवाला सभे भावनगर (गुजरात) के निवासी बतावल जाता।

बस खराबी के चलते सड़क के किनारे खड़ा रहे

पुलिस के मुताबिक बस भावनगर से मथुरा जात रहे। सबेरे भरतपुर-आगरा राजमार्ग पz अचानक बस खराब हो गइल। बस से ड्राइवर अवुरी उनुकर साथी समेत बाकी यात्री भी बस से उतर गईले। ड्राइवर अवुरी ओकर साथी बस के एडजस्ट करत रहले कि ट्रक ओ लोग के टक्कर मार के साइड में खड़ा लोग के कुचल देलस। एह दौरान ओहिजा से गुजरत दोसरा गाड़ियन के चालक सड़क पd बेहोश लोग के पड़ल देख के पुलिस के फोन क के एम्बुलेंस बोलवले। सभे के लाश भरतपुर जिला अस्पताल के शवदाह गृह में राखल गईल बा।

सड़क पs बिखरल लाश, राजमार्ग पs जाम

दुर्घटना के बाद लाश हाईवे पs बिखर गईल। उहाँ मौजूद लोग एक-एक लाश के बीच सड़क से निकाल के एक ओर रखले। एकरा संगे हाईवे पs जाम हो गईल। पुलिस के कहनाम बा कि, अबे ले पता नईखे चलल कि कवना गाड़ी के चलते टक्कर भईल। घाही लोग के हालत गंभीर बनल बा। होश में अईला के बाद उनुका से पूछताछ कईल जाई।

 

 

639200cookie-checkराजस्थान में भीषण सड़क हादसा: भरतपुर में यात्रियन से भरल बस के ट्रक पीछे से मरलस टक्कर, 11 के मउत, कई गो घायल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.