[the_ad_group id="30365"]

mathura:मथुरा में यमुना एक्सप्रेस-वे पs भीषण हादसा, बस से टकराईल कार, आग लगले से जिंदा जरके मरले 5 लोग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

उत्तर प्रदेश के मथुरा में एगो भयानक हादसा हो गईल। डबल डेकर बस के नियंत्रण खो के मथुरा के महावन इलाका के सीमा में यमुना एक्सप्रेसवे पs डिवाइडर से टकरा गईल। एs दौरान पीछे से आवत स्विफ्ट कार बस से टकरा गईल। टक्कर के संगे बस के डीजल टंकी में आग लाग गईल। गाड़ी में सवार पांच लोग के उतरे के मउका ना मिलल। आग लगला में कार के भीतर पांच लोग के मउत हो गईल।

डीएम अवुरी एसएसपी मौका पs पहुंच गईल बाड़े। मरेवाला लोग के पहचान करे के कोशिश कईल जाता। डबल डेकर बस में करीब 50 यात्री रहले। दुर्घटना में घाही कुछ यात्री के इलाज खातीर भेज दिहल गईल। बतावल जाता कि बस से यात्री कूद के आपन जान बचावे में कामयाब हो गईले, लेकिन गाड़ी में सवार लोग के मउका ना मिलल। उs गाड़ी के भीतर जिंदा जर गईले।

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]