[the_ad_group id="30365"]

इटावा में भीषण हादसा, आगरा-लखनऊ एक्सप्रेस वे पs बस-कार में भइल टक्कर, 7 गो के मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

उत्तर प्रदेश के इटावा में भईल एगो भयानक सड़क दुर्घटना में सात लोग के मउत हो गईल। आगरा लखनऊ एक्सप्रेसवे पs डबल डेकर बस के कार से टक्कर हो गईल। दुर्घटना के समय बस में 60 लोग अवुरी कार में तीन लोग रहले। एs दुर्घटना में गाड़ी में सवार सभ लोग के मउत हो गईल। एकरा संगे बस में बईठल चार लोग के जान चल गईल।

एसएसपी इटावा संजय कुमार वर्मा कहले कि, रात के करीब 12:30 बजे रायबरेली से दिल्ली जाए वाली डबल डेकर बस एगो कार से टकरा गईल। बस में 60 लोग रहले, जवना में से 4 लोग के मउत हो गईल अवुरी करीब 20- 25 लोग घायल भईले अवरू गाड़ी में सवार 3 लोग के भी मउत हो गईल।

टक्कर के बाद बस गिर गईल

कार से टकरा के बस 50 फीट गिर गईल। एकरा चलते बस में सवार लोग के मउत हो गईल अवुरी भारी संख्या में यात्री घाही हो गईले। बस पलट के गिर गईल। एकरा चलते अधिकांश यात्री घाही हो गईले।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]