Hormuz Crisis : होर्मुज संकट के बीच राहत के खबर, नया समुद्री रास्ता मिलल, भारत आ रहल बा LNG टैंकर

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 4, 2026

नई दिल्ली। होर्मुज जलडमरूमध्य में चल रहल तनाव आ पाबंदी के बीच अब राहत के खबर सामने आइल बा। ईरान के कार्रवाई से तेल आ गैस के सप्लाई प्रभावित होत रहे, बाकिर अब जहाजन खातिर

Share

नई दिल्ली। होर्मुज जलडमरूमध्य में चल रहल तनाव आ पाबंदी के बीच अब राहत के खबर सामने आइल बा। ईरान के कार्रवाई से तेल आ गैस के सप्लाई प्रभावित होत रहे, बाकिर अब जहाजन खातिर नया सुरक्षित रास्ता खोज लिहल गइल बा।

दरअसल, ओमान के समुद्री सीमा के अंदर एगो नया रूट खोजल गइल बा, जवन होर्मुज के प्रतिबंधित इलाका के दरकिनार करत बा। एह नया रास्ता से चार गो बड़ जहाज गुजर चुकल बा, जवना में एगो भारतीय जहाज सामिल बा, जवन एलएनजी (गैस) लेके भारत आ रहल बा।

ओमान के रास्ता बनल नया सहारा

ओमान के जलक्षेत्र से गुजरत ई नया रास्ता जहाजन खातिर सुरक्षित मानल जा रहल बा। एकरा से वैश्विक शिपिंग पs पड़त दबाव कुछ कम हो सकेला आ तेल-गैस के सप्लाई सामान्य होखे के उम्मेद बढ़ गइल बा।

चार जहाज गुजरल

रिपोर्ट के अनुसार, सैटेलाइट आ AIS डेटा से पता चलल कि कम से कम चार गो बड़ जहाज जवना में एलएनजी आ कच्चा तेल ले जाये वाला पोत सामिल बा- एह नया मार्ग से गुजरल बा।

मस्कट के लगे देखल गइल जहाज

ई जहाज मस्कट से करीब 350 किलोमीटर दूर समुद्र में देखल गइल। एमे कच्चा तेल से भरल जहाज आ एलएनजी कैरिअरो सामिल रहे। एह जहाजन के पीछे एगो भारतीय ध्वज वाला मालवाहक जहाज रहे, जवन दुबई से रवाना भइल रहे आ अब ओमान के दिब्बा बंदरगाह के नजदीक देखल गइल बा।

आगे का होई?

हालांकि ई नया समुद्री रास्ता राहत दे रहल बा, बाकिर अभी साफ नइखे कि ई रूट आगहू नियमित रूप से इस्तेमाल हो पाई कि ना। एकरा बादो अभी खातिर ई वैश्विक तेल-गैस सप्लाई खातिर अच्छा संकेत मानल जा रहल बा।

Read Also: DC vs MI Live Streaming : दिल्ली-मुंबई के मुकाबला, फ्री में कइसे देखी IPL मैच?

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.