[the_ad_group id="30365"]

Honor Killing: बिहार के छपरा में ऑनर किलिंग, जुवक के हत्या क के नदी में फेंकल गइल लाश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा: गड़खा थाना क्षेत्र के मीठेपुर में प्रेम प्रसंग में एगो जुवक के हत्या के ममिला सोझा आइल बा। हत्या क के फेंकल गइल शव के पुलिस नदी से बरामद कइलस। परिजनन द्वारा एह ममिला में दु लोगन के आरोपित करत थाना में प्राथमिकी दर्ज करावल गइल बा। मृतक गड़खा थाना क्षेत्र के मीठेपुर गांव निवासी तारकेश्वर महतो के 19 बरिस के बेटा नागेंद्र कुमार महतो बतावल गइल ब।

सूचना के बाद पुलिस शव के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर छपरा सदर अस्पताल भेजलस। शव के पोस्टमार्टम करावल गइला के बाद ओकरा के परिजनन के सुपुर्द क दिहल गइल बा।

आरोप बा कि जुवक के भेल्दी थाना क्षेत्र के रायपुरा निवासी नीरज शर्मा आ गोविंदा शर्मा गर दबाके हत्या कइले बा लो। घरवालन के मोताबिक नागेंद्र कुमार महतो के रायपुरा निवासी अनूप शर्मा के पुत्री से प्रेम प्रसंग रहे। फिलहाल प्राथमिकी दर्ज क के पुलिस ममिला के जांच में जुट गइल बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]