[the_ad_group id="30365"]

हांगकांग में अभिव्यक्ति के आजादी पs हमला, अदालत 14 लोकतंत्र समर्थकन के राष्ट्रीय सुरक्षा से जुड़ल मामिला में ठहरवले दोषी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

हांगकांग के एगो अदालत राष्ट्रीय सुरक्षा से जुड़ल एगो मामिला में 14 लोकतंत्र समर्थक के दोषी ठहरवले बिया। बता दीं कि बीजिंग के लागू कानून के तहत राष्ट्रीय सुरक्षा के सबसे बड़ मामिला में बियफ़ें के एs 14 लोकतंत्र समर्थक के दोषी करार दिहल गईल। दोषी पावल गइल लोग में सांसद रहल लेउंग वोक-हंग, लैम चेउक-टिंग, हेलेना वोंग आ रेमंड चान शामिल बाड़े. सरकार के ओर से नियुक्त तीन जज के समिति जिला पार्षद रहल ली यू-शून अवुरी लॉरेंस लाउ के बरी कs देलस।

दोषी पावल जाए वाला लोग के उम्रकैद के सजा हो सकता। साल 2021 में 47 गो लोकतंत्र समर्थकन पs अनौपचारिक प्राथमिक चुनाव में शामिल होखे के चलते मुकदमा चलावल गइल. अभियोजकन एह समर्थकन पs आरोप लगवले रहले कि ऊ लोग हांगकांग सरकार के अपंग बनाए के कोशिश करत बा आ जरूरी बहुमत हासिल कs के शहर के नेता के सत्ता से बेदखल कs देत बा. पर्यवेक्षकन के कहना बा कि एह मामिला से पता चलत बा कि साल 2019 में सरकार विरोधी बड़हन विरोध प्रदर्शन के बाद सुरक्षा कानून के इस्तेमाल कइसे विपक्ष के कुचलल जा रहल बा.

हांगकांग में अभिव्यक्ति के आजादी सीमित 

हालांकि बीजिंग आ हांगकांग सरकार एह बात पs जोर दिहलस कि एह कानून से शहर के स्थिरता लवटावे में मदद मिलल बा आ न्यायिक आजादी के रक्षा कइल जा रहल बा. पर्यवेक्षक लोग के कहनाम बा कि 2020 में एs कानून के लागू होखला के बाद से हांगकांग के अधिकारी राष्ट्रीय सुरक्षा के नाम पs अभिव्यक्ति अवुरी सभा के आजादी काफी सीमित कs देले बाड़े। उs कहले कि एs कानून के नाम पs बहुत कार्यकर्ता के गिरफ्तार कईल गईल, चुप करा दिहल गईल चाहे देश छोड़े खातीर मजबूर कईल गईल।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]