Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बाल गिरला के घरेलू उपाय : गंजापन खातिर मुट्ठी भर मेथी के बीज वरदान बा।

बाल गिरला खातिर मेथी के बीज : मेथी के बीज में आयरन अउरी प्रोटीन जईसन गुण भरपूर होला जवन कि आपके स्वास्थ्य के संगे-संगे आपके बाल के पूरा पोषण देवेला। अयीसना में आज हमनी के बाल गिरला खातीर मेथी के बीज लगावे के तरीका सोझा आईल बा। बाल में मेथी के बीज लगावे से आपके रूसी के समस्या दूर होखे में मदद मिलेला। एकरा संगे-संगे बाल गिरला अउरी टूटे से भी छुटकारा मिलता। एतने ना, मेथी के बीज आपके क्षतिग्रस्त बाल के ठीक करे में भी मददगार साबित होला। जवना में एकर इस्तेमाल बाल में भी सफेद बाल से छुटकारा पावे खातिर कईल जा सकता, त आईं जानल जाए गिरत बाल खातिर मेथी के बीज के इस्तेमाल कईसे कईल जाला.....

1,142

बाल गिरला के घरेलू उपाय : गंजापन खातिर मुट्ठी भर मेथी के बीज वरदान बा।

बाल गिरला खातिर मेथी के बीज : मेथी के बीज में आयरन अउरी प्रोटीन जईसन गुण भरपूर होला जवन कि आपके स्वास्थ्य के संगे-संगे आपके बाल के पूरा पोषण देवेला। अयीसना में आज हमनी के बाल गिरला खातीर मेथी के बीज लगावे के तरीका सोझा आईल बा। बाल में मेथी के बीज लगावे से आपके रूसी के समस्या दूर होखे में मदद मिलेला। एकरा संगे-संगे बाल गिरला अउरी टूटे से भी छुटकारा मिलता। एतने ना, मेथी के बीज आपके क्षतिग्रस्त बाल के ठीक करे में भी मददगार साबित होला। जवना में एकर इस्तेमाल बाल में भी सफेद बाल से छुटकारा पावे खातिर कईल जा सकता, त आईं जानल जाए गिरत बाल खातिर मेथी के बीज के इस्तेमाल कईसे कईल जाला…..

बाल गिरला खातिर मेथी के बीज

मेथी के बीज से बाल मास्क

एकरा खातिर सबसे पहिले 2 चम्मच मेथी के दाना लेके रात भर भिगो लीं। एकरा बाद मिक्सी में पीस के चिकना पेस्ट बना लीं। एकरा बाद ए पेस्ट के अपना बाल पे बढ़िया से लगाई। एकरा बाद रउआ एकरा के करीब 20-25 मिनट तक छोड़ देइ अउरी ओकरा बाद धोवे के चाही। बाल गिरला खातिर हफ्ता में दु बेर ए हेयर मास्क के आजमा के देखीं।

मेथी के बीज आ नींबू के रस

एकरा खातिर सबसे पहिले मेथी के दाना के रात भर भिगो लीं। फेर अगिला दिने सबेरे मेथी के दाना में नींबू के रस मिला के मिक्सी में पीस लीं। ओकरा बाद एकरा के बाल में बढ़िया से लगा के करीब आधा-1 घंटा तक राख के धो ली। ए हेयर मास्क से बाल गिरला के संगे-संगे रूसी से भी छुटकारा मिलता।

मेथी के बीज अउरी अंडा के इस्तेमाल

एकरा खातिर एगो कटोरी में मेथी के दाना आ एगो अंडा के चिकना पेस्ट बना दीं। ओकरा बाद इ दुनो के बढ़िया से मिला के चिकना पेस्ट तैयार करीं। एकरा बाद बाल पे बढ़िया से लगाई अउरी करीब आधा घंटा के बाद धो लीं। एह हेयर मास्क से आपके बाल के पूरा पोषण मिलेला, जवना के चलते आपके बाल टूटे पे नियंत्रण हो जाला। एकरा संगे-संगे इ सूखल खोपड़ी में भी फायदेमंद होखेला।

(अस्वीकरण: इहाँ दिहल जानकारी घरेलू उपाय अउरी सामान्य जानकारी पे आधारित बा। एकरा के अपनावे से पहिले मेडिकल सलाह लेवे के होई। खबर भोजपुरी एकर पुष्टि नईखे करत।)

450180cookie-checkबाल गिरला के घरेलू उपाय : गंजापन खातिर मुट्ठी भर मेथी के बीज वरदान बा।

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.