Home Ministry : केंद्र से पांच केंद्र शासित प्रदेशन के मिलल अधिकार, अब औषधि-जादुई उपचार कानून के तहत होई कार्रवाई

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 20, 2026

नई दिल्ली। केंद्र सरकार पांच केंद्र शासित प्रदेशन के उपराज्यपाल आ प्रशासकन के औषधि आ जादुई उपचार (आपत्तिजनक विज्ञापन) अधिनियम, 1954 के तहत भ्रामक विज्ञापनन के खिलाफ कार्रवाई करे के अधिकार दे देलस। एह फैसला

Share

नई दिल्ली। केंद्र सरकार पांच केंद्र शासित प्रदेशन के उपराज्यपाल आ प्रशासकन के औषधि आ जादुई उपचार (आपत्तिजनक विज्ञापन) अधिनियम, 1954 के तहत भ्रामक विज्ञापनन के खिलाफ कार्रवाई करे के अधिकार दे देलस। एह फैसला के बाद अब ई उपराज्यपाल आ प्रशासक अइसन अधिकारियन के अधिकृत कs सकेलें, जवन कैंसर, डायबिटीज जइसन गंभीर बेमारी के इलाज के नाम पs जादुई गुण आ चमत्कारी दावा करे वाला विज्ञापनन पs तलाशी आ जब्ती के कार्रवाई कs सकेलें।

हाले में गृह मंत्रालय के ओर से राजपत्र में जारी आदेस के मोताबिक, ई अधिकार जम्मू-कश्मीर, लक्षद्वीप, चंडीगढ़, दादरा आ नगर हवेली आउर दमन आ दीव, आ पुडुचेरी के उपराज्यपाल आ प्रशासकन के दिहल गइल बा। आदेस में कहल गइल बा कि राष्ट्रपति के निरदेस के अनुसार, अगिला आदेस तक ई प्रशासक राष्ट्रपति के नियंत्रण में रहत, अपना-अपना इलाका में राज्य सरकार के मिलल शक्तियन आ जिम्मेदारी के इस्तेमाल करी लोग।

का बा औषधि आ जादुई उपचार अधिनियम?

ड्रग्स एंड मैजिक रेमेडीज (आपत्तिजनक विज्ञापन) अधिनियम, 1954 आ ओकर नियम के तहत भ्रामक विज्ञापनन आ दवाइन/औषधीय पदार्थन के बढ़ा-चढ़ा के कइल गइल दावा पs रोक लगावल गइल बा।
एह कानून में प्रिंट आ इलेक्ट्रॉनिक मीडिया में छपल आयुष दवाइन से जुड़ल दावा सामिल बा।

एह अधिनियम के तहत राज्य सरकार के ओर से अधिकृत राजपत्रित अधिकारी के अधिकार बा कि ऊ कवनो परिसर में प्रवेश कs सके, तलाशी ले सके, रिकॉर्ड के जांच भा जब्ती कर सके आ भ्रामक भा अनुचित विज्ञापन के ममिला में कार्रवाई सुरू कs सके। अब ई अधिकार पांच केंद्र शासित प्रदेशन में उपराज्यपाल भा प्रशासक के माध्यम से लागू होई।

कवन-कवन बेमारी अधिनियम के अनुसूची में बा सामिल ?

एह अधिनियम के तहत 54 बेमारी आ विकार- जइसे डायबिटीज, मोटापा आ कैंसर के इलाज खातिर दवाइन के विज्ञापन पर प्रतिबंध बा। ई सब बेमारी निषिद्ध अनुसूची में सामिल बा। कानून कंपनियन के रोकेला कि ऊ एह बेमारियन के इलाज के नाम पs कवनो दवा के चमत्कारी इलाज बताके प्रचार भा बाजार में ना उतारें। केंद्र सरकार के एह डेग से भ्रामक इलाज आ झूठा विज्ञापन करे वाला तत्वन पs सख्त कार्रवाई के रास्ता साफ हो गइल बा।

Read Also: 20 जनवरी 2026 के राशिफल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.