[the_ad_group id="30365"]

Monsoon Session: अगिला PM नरेन्द्र मोदीये बनिहें- दिल्ली विधेयक पs चरचा के जवाब देत कहलें अमित शाह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

संसद के मानसून सत्र (Monsoon Session) में बियफे के केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह (Amit Shah) लोकसभा में राष्ट्रीय राजधानी क्षेत्र दिल्ली (संशोधन) विधेयक, 2023 पs भइल बहस के जवाब देलें। एह दौरान ऊ विपक्षी आईएनडीआईए आ आम आदमी पार्टी पs जमके निशाना सधलें। ऊ कहलें कि गठबंधन में आउर दु-तीन लोगन के सामिल कs लिहीं, बाकिर अगिला प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदीये बने वाला बाड़ें।

‘टूटी विपक्षी गठबंधन’

एही बीच अमित शाह मणिपुर मुद्दा के लेके विपक्षियन के जमके लतड़लें। ऊ कहलें कि गठबंधन टूटे वाला बिल जइसने सामने आइल, विपक्षियन के मणिपुर, दंगा, लोकतंत्र इत्यादि इयाद ना आइल। तमाम विपक्षी एकत्रित होके सामने बइठल बा आ ई लोग 130 करोड़ लोगन के बतावत बा कि हमनी के (सरकार) मणिपुर, लोकतंत्र के चिंता नइखे खाली चुनाव के चिंता बा।

ऊ कहलें कि ई बिल (दिल्ली सेवा बिल) एहिसे महत्वपूर्ण बा, काहेकि ई बिल पास होखला के बाद गठबंधन टूट जाई। अरविंद केजरीवाल रउआ लो के बॉय बॉय कs के चल जइहें।

‘एगो राज्य ना हs दिल्ली’

विपक्ष के प्राथमिकता अपना गठबंधन के बचावल बा। विपक्ष के मणिपुर के चिंता नइखे… हर केहू एगो राज्य के अधिकारन के बारे में बात कs रहल बा, बाकिर कवन  राज्य? दिल्ली एगो राज्य ना बलुक एगो केंद्र शासित प्रदेश हs…संसद के दिल्ली खातिर कनून बनावे के अधिकार बा- गृह मंत्री अमित शाह

खुद के टीम बनावस ओवैसी’

ओहिजा, गृह मंत्री असदुद्दीन ओवैसी पs तंज कसत कहलें कि रउआ खुद के टीम बनाई। राउर मुद्दा सबका से अलग बा।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]