[the_ad_group id="30365"]

होलिका दहन मुहूर्त : होलिका दहन पे भद्र काल के परछाई नइखे, उदयतिथी के मुताबिक होलिका दहन 7 तारीख के बा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

होलिका दहन मुहूर्त : होलिका दहन पे भद्र काल के परछाई नइखे, उदयतिथी के मुताबिक होलिका दहन 7 तारीख के बा

होलिका दहन मुहूर्त : उदयतिथी के मुताबिक होलिका दहन के परब सिर्फ 7 मार्च के मनावल जाई।

होलिका दहन मुहूर्त : अबकी बेर होलिका दहन के लेके भ्रम के स्थिति पैदा हो रहल बा। काहे कि कुछ पंचांग में होलिका दहन 6 मार्च के बतावल जा रहल बा जबकि कुछ पंचांग में 7 मार्च के होलिका दहन बतावल जा रहल बा। हालांकि अबकी बेर होलिका दहन पे भद्र काल के कवनो परछाई नईखे। बेशक होलिका जरावल 6 मार्च भा 7 मार्च के होखे के चाहीं| फाल्गुन पूर्णिमा तिथि 6 मार्च के अगर होलिका जरावल जाला। त होलिका दहन के शुभ समय शाम 4.18 बजे के बाद शुरू हो जाई। एकरा संगे जदी 7 मार्च के होलिका मनावल जाता त समय शाम 6.10 बजे के बाद होई। हालांकि उदयतिथी के मुताबिक होलिका दहन के परब सिर्फ 7 मार्च के मनावल जाई।

 

 भद्र काल के समय

अक्सर त्योहारन पे भद्र काल के परछाई देखे के मिलेला। लेकिन अबकी बेर होलिका दहन पे भद्रकाल के परछाई ना होई। एही से अबकी बेर होलिका दहन समय पे हो जाई। ज्योतिषी लोग के मुताबिक अबकी बेर होलिका दहन 7 मार्च मंगलवार के बा। दूसर ओर भद्र काल के शुभ समय 06 मार्च 2023 के साँझ 04:48 से शुरू होई आ 7 मार्च 2023 के सबेरे 05:14 बजे समाप्त होई। त एही हिसाब से पंचांग के हिसाब से अबकी बेर होलिका दहन पे भद्र के परछाई नईखे।

 

होलिका दहन मुहूर्त

होलिका दहन के शुभ समय 7 मार्च के शाम 06.31 बजे से 08.58 बजे तक बा। अबकी बेर होलिका दहन के समय 02 घंटा 07 मिनट तक रही। एही से अबकी बेर होलिका दहन समय पे हो जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]