[the_ad_group id="30365"]

होली2024: महाकवि रंगपाल के लिखsल गीत नयका अंदाज में भईल रिलीज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अगर फाल्गुन के महीना के बात होखे तs ई स्वाभाविक बा कि रंग आ उत्साह के बीचे महाकवि रंगपाल के नाम सोझा आवे। महाकवि के नाव आजुओ उनकर लोकगीत, फाग आ तरह-तरह के साहित्यिक रचना में उज्ज्वल बा। गाँव के माटी से उठ के अपना रचना के माध्यम से पूरा जनता पs अमिट छाप छोड़े वाला तमाम कवि लोग में रंगपाल महाकवि हवें जे पूर्वांचल के लोग के बीच लोकप्रिय भइल बाड़े। बसंत ऋतु शुरू होखते महाकवि के कविता जीवंत हो जाले।

ओही परंपरा के जियतार करऽत यायावरी वाया भोजपुरी के ओर से असो के होली पs, रंगपाल के लिखल चर्चित गीत ‘तोहका हियरा में बसइबें हो बालम’ यू ट्यूब चैनल पs रिलीज भइल बा।

राज आ धानी के अदाकारी के हो रहल बा चरचा

गोरखपुर रंगमंच आ कइयन गो हिंदी भोजपुरी फिलमन में काम कई चुकल राज आ धानी गुप्ता के जोड़ी स्क्रीन पs शानदार लाग रहल बा ।

एह गीत के आपन संगीत से सुशांत देव सजवलें बाड़े ओहिजे शगुन श्रीवास्तव के खनकदार आ खांटी आवाज कानsना के नीक लागत बा। फिल्मांकन “the one shoot films and photography” के बा ।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]