छपरा के रास्ते चली होली स्पेशल ट्रेन : आनंद विहार से मुजफ्फरपुर तक चली गाड़ी, परब में अतिरिक्त भीड़ के देखत रेलवे के निर्णय

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 19, 2024

रेलवे होली में यात्रियन के अतिरिक्त भीड़ के धेयान में रखत हुए 04022-04021 आनन्द विहार टर्मिनल-मुजफ्फरपुर-आनन्द विहार टर्मिनल होली विशेष गाड़ी के संचालन आनन्द विहार टर्मिनस से 21 मार्च के आ मुजफ्फरपुर से 22 मार्च

Share

रेलवे होली में यात्रियन के अतिरिक्त भीड़ के धेयान में रखत हुए 04022-04021 आनन्द विहार टर्मिनल-मुजफ्फरपुर-आनन्द विहार टर्मिनल होली विशेष गाड़ी के संचालन आनन्द विहार टर्मिनस से 21 मार्च के आ मुजफ्फरपुर से 22 मार्च के एक फेरा खातिर कइल जाई।

होली में रेल यात्रियन के यात्रा के सरल आ सुविधाजनक बनावे खातिर ट्रेन चली। होली स्पेशल ट्रेन छपरा के रास्ते चलावल जाई। जवना से छपरा के यात्रियन के विशेष लाभ मिली। जानकारी रेलवे पीआरओ पत्र जारी करत देले बाड़ें।

एह गाड़ी में वातानुकूलित द्वितीय श्रेणी के एगो, वातानुकूलित तृतीय सह द्वितीय श्रेणी के एगो, शयनयान श्रेणी के 15, साधारण द्वितीय श्रेणी के तीन आ सीजीएसएलआरडी श्रेणी के एगो कोच सहित कुल 21 कोच लागी।

21 मार्च के आनन्द विहार टर्मिनल से 23:55 बजे प्रस्थान करी 

04022 आनन्द विहार टर्मिनल-मुजफ्फरपुर होली विशेष गाड़ी 21 मार्च के आनन्द विहार टर्मिनल से 23:55 बजे प्रस्थान कs के दूसरका दिन मुरादाबाद से 03:23 बजे, चन्दौसी से 04:20 बजे, लखनऊ से 10:15 बजे, गोरखपुर से 15:30 बजे, छपरा से 18:35 बजे आ हाजीपुर से 20:05 बजे छूटके मुजफ्फरपुर 21:30 बजे पहुंची।

वापसी यात्री में 04021 मुजफ्फरपुर-आनन्द विहार टर्मिनल होली विशेष गाड़ी 22 मार्च के मुजफ्फरपुर से 23:00 बजे प्रस्थान कs के हाजीपुर से 23:55 बजे, छपरा से 01:45 बजे गोरखपुर से 05:15 बजे, लखनऊ से 11:50 बजे, चन्दौसी से 18:52 बजे आ मुरादाबाद से 20:30 बजे छूटके आनन्द विहार टर्मिनल 23:30 बजे पहुंची।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.