छपरा से चली होली स्पेशल ट्रेन : आनंद विहार टर्मिनस तक जाई गाड़ी, 29 आ 30 मार्च के रेल यात्रियन के मिली सुविधा

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 28, 2024

रेलवे नया स्पेशल ट्रेन के संचालन कs रहल बा। ट्रेन संख्या 05119-05120 छपरा-आनन्द विहार टर्मिनस होली विशेष गाड़ी के संचालन छपरा से 29 मार्च सुक के आ आनन्द विहार टर्मिनस से 30 मार्च सनीचर के

Share

रेलवे नया स्पेशल ट्रेन के संचालन कs रहल बा। ट्रेन संख्या 05119-05120 छपरा-आनन्द विहार टर्मिनस होली विशेष गाड़ी के संचालन छपरा से 29 मार्च सुक के आ आनन्द विहार टर्मिनस से 30 मार्च सनीचर के एक फेरा में कइल जाई। रेलवे पीआरओ बतवलें कि होली खतम होखला के बाद परदेस लवट रहल यात्रियन के अतिरिक्त्त भीड़ हो गइल बा। जवना के लेके ट्रेन के संचालन कइल जा रहल बा। एह ट्रेन से छपरा के यात्रियन के विशेष लाभ मिली।

छपरा से 17:45 बजे प्रस्थान करी

05119 छपरा-आनन्द विहार टर्मिनस होली विशेष गाड़ी 29 मार्च के छपरा से 17:45 बजे प्रस्थान कs के सीवान से 18:30 बजे, देवरिया सदर से 19:35 बजे, गोरखपुर से 20:55 बजे, खलीलाबाद से 21:37 बजे, बस्ती से 22:04 बजे, गोण्डा से 23:35 बजे, दूसरका दिन बुढ़वल से 00:42 बजे, सीतापुर जं. से 03:05 बजे, बरेली जं. से 06:50 बजे आ मुरादाबाद से 08:25 बजे छूटके आनन्द विहार टर्मिनस 11:50 बजे पहुंची।

वापसी यात्री में 05120 आनन्द विहार टर्मिनस-छपरा होली विशेष गाड़ी 30 मार्च के आनन्द विहार टर्मिनस से 14:45 बजे प्रस्थान कs के मुरादाबाद से 17:55 बजे, बरेली जं. से 19:15 बजे, दूसरका दिन सीतापुर जं. से 00:15 बजे, बुढ़वल से 02:28 बजे, गोण्डा से 03:30 बजे, बस्ती से 04:43 बजे, खलीलाबाद से 05:14 बजे, गोरखपुर से 06:25 बजे, देवरिया सदर से 07:25 बजे आ सीवान से 08:30 बजे छूटके छपरा 09:30 बजे पहुंची।

एह गाड़ी में साधारण द्वितीय श्रेणी के 09, शयनयान श्रेणी के 09, वातानुकूलित तृतीय श्रेणी के 02, वातानुकूलित द्वितीय श्रेणी के 01, वातानुकूति प्रथम सह द्वितीय श्रेणी के 01 आ एल.एस.एल.आर.डी. के 02 कोच सहित कुल 23 कोच लगावल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.