[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: ना रहलें हॉकी यूपी के उपाध्यक्ष धीरज सिंह हरीश, अपना आवास पs लेलें अंतिम सांस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश हॉकी संघ के उपाध्यक्ष आ गोरखपुर विश्वविद्यालय के पूर्व छात्रनेता धीरज सिंह हरीश (52) के सनीचर के टाउनहॉल इस्थित उनका आवास पs निधन हो गइल बा। ऊ अपना पीछे पत्नी बेबी सिंह आ बेटी अनुश्री सिंह के छोड़ गइल बाड़ें। देर सांझ के उनकर अंतिम संस्कार राजघाट पs कइल गइल। उनकर भतीजा मुखाग्नि देलें।

 

मूलरूप से खजनी के मंझरिया के रहे वाला धीरज सिंह छात्र राजनीति में सक्रिय रहस। ऊ साल 1993 में गोरखपुर विश्वविद्यालय के महामंत्री रह चुकल रहस। हॉकी आ कुश्ती से लगाव के वजह से ऊ अलग-अलग खेल संगठनन के पदाधिकारी रहस। उनका निधन के सूचना मिलला के बाद लोग पूरा दिन अंतिम दर्शन खातिर आवास पहुंचल आ शोक संवेदना व्यक्त कइल।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ गहिराह शोक व्यक्त कइलें। शोक संतप्त परिजनन से वार्ता कs के सांत्वना देलें। राज्यसभा सांसद डॉ. राधा मोहन दास अग्रवाल, सांसद रवि किशन शुक्ला, विधायक प्रदीप शुक्ला, पूर्व विधायक अमरमणि त्रिपाठी, पूर्व एमएलसी रामू द्विवेदी आदि संवेदना जतावे घरे गइल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]