Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पूर्वोत्तर रेलवे रद्द ट्रेनन के परिचालन कइलस सुरू: रिनोवेशन कार्य के लेके लिहल गइल रहे निर्णय, छपरा के यात्रियन के मिलली सुविधा

435

रेलवे प्रशासन द्वारा यात्री जनता के सुविधा खातिर उत्तर मध्य रेलवे के प्रयागराज जं. स्टेशन के प्लेटफॉर्म संख्या 9 आ 10 के उन्नयन कार्य के परिप्रेक्ष्य में गाड़ियन के निरस्तीकरण आ मार्ग परिवर्तन कइल गइल रहे। बाकिर कवनो कारण बस एह उन्नयन कार्य के स्थगित हो गइला के कारण गाड़ियन के निरस्तीकरण आ मार्ग परिवर्तन समाप्त कs के संचलन पूर्णत: बहाल कs दिहल गइल बा।

एमे छपरा से चले वाली गाड़ियन के रद्द करे के सूचना जारी कइल गइल बा। बाकिर गाड़ी अपना नीयत समय से संचालित होखे लगिहे सs। ई जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार प्रेस विज्ञप्ति के माध्यम से देले बाड़ें।

एह ट्रेनन के कइल गइल बहाल

– दादर से निरस्त 01025 दादर-बलिया विशेष गाड़ी के संचलन 20 अक्टूबर, 2023 से पूर्ववत् बहाल कs दिहल गइल बा।

– बलिया से निरस्त 01026 बलिया-दादर विशेष गाड़ी के संचलन 27 अक्टूबर, 2023 से बहाल कs दिहल गइल बा।

– दादर से निरस्त 01027 दादर-गोरखपुर विशेष गाड़ी के संचलन 27 अक्टूबर से बहाल कs दिहल गइल बा।

– गोरखपुर से निरस्त 01028 गोरखपुर-दादर विशेष गाड़ी के संचलन 25 अक्टूबर, 2023 से बहाल कs दिहल गइल बा।

– बलिया से निरस्त 04055 बलिया-आनन्द विहार टर्मिनल क्लोन विशेष गाड़ी के संचलन 26 अक्टूबर, 2023 से बहाल कs दिहल गइल बा।

– आनन्द विहार टर्मिनल से निरस्त 04056 आनन्द विहार टर्मिनल-बलिया क्लोन विशेष गाड़ी के संचलन 25 अक्टूबर, 2023 से बहाल कs दिहल गइल बा।

– जालना से निरस्त 07651 जालना-छपरा विशेष गाड़ी के संचलन 25 अक्टूबर, 2023 से बहाल कs दिहल गइल बा।

– छपरा से निरस्त 07652 छपरा-जालना विशेष गाड़ी के संचलन 27 अक्टूबर, 2023 से बहाल कs दिहल गइल बा।

– ओखा से निरस्त 09525 ओखा-नाहरलगुन विशेष गाड़ी के संचलन 24 अक्टूबर, 2023 से बहाल कs दिहल गइल बा।

– नाहरलगुन से निरस्त 09526 नाहरलगुन-ओखा विशेष गाड़ी के संचलन 28 अक्टूबर, 2023 से बहाल कs दिहल गइल बा।

669750cookie-checkपूर्वोत्तर रेलवे रद्द ट्रेनन के परिचालन कइलस सुरू: रिनोवेशन कार्य के लेके लिहल गइल रहे निर्णय, छपरा के यात्रियन के मिलली सुविधा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.