पूर्वोत्तर रेलवे रद्द ट्रेनन के परिचालन कइलस सुरू: रिनोवेशन कार्य के लेके लिहल गइल रहे निर्णय, छपरा के यात्रियन के मिलली सुविधा

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 26, 2023

रेलवे प्रशासन द्वारा यात्री जनता के सुविधा खातिर उत्तर मध्य रेलवे के प्रयागराज जं. स्टेशन के प्लेटफॉर्म संख्या 9 आ 10 के उन्नयन कार्य के परिप्रेक्ष्य में गाड़ियन के निरस्तीकरण आ मार्ग परिवर्तन कइल गइल

Share

रेलवे प्रशासन द्वारा यात्री जनता के सुविधा खातिर उत्तर मध्य रेलवे के प्रयागराज जं. स्टेशन के प्लेटफॉर्म संख्या 9 आ 10 के उन्नयन कार्य के परिप्रेक्ष्य में गाड़ियन के निरस्तीकरण आ मार्ग परिवर्तन कइल गइल रहे। बाकिर कवनो कारण बस एह उन्नयन कार्य के स्थगित हो गइला के कारण गाड़ियन के निरस्तीकरण आ मार्ग परिवर्तन समाप्त कs के संचलन पूर्णत: बहाल कs दिहल गइल बा।

एमे छपरा से चले वाली गाड़ियन के रद्द करे के सूचना जारी कइल गइल बा। बाकिर गाड़ी अपना नीयत समय से संचालित होखे लगिहे सs। ई जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार प्रेस विज्ञप्ति के माध्यम से देले बाड़ें।

एह ट्रेनन के कइल गइल बहाल

– दादर से निरस्त 01025 दादर-बलिया विशेष गाड़ी के संचलन 20 अक्टूबर, 2023 से पूर्ववत् बहाल कs दिहल गइल बा।

– बलिया से निरस्त 01026 बलिया-दादर विशेष गाड़ी के संचलन 27 अक्टूबर, 2023 से बहाल कs दिहल गइल बा।

– दादर से निरस्त 01027 दादर-गोरखपुर विशेष गाड़ी के संचलन 27 अक्टूबर से बहाल कs दिहल गइल बा।

– गोरखपुर से निरस्त 01028 गोरखपुर-दादर विशेष गाड़ी के संचलन 25 अक्टूबर, 2023 से बहाल कs दिहल गइल बा।

– बलिया से निरस्त 04055 बलिया-आनन्द विहार टर्मिनल क्लोन विशेष गाड़ी के संचलन 26 अक्टूबर, 2023 से बहाल कs दिहल गइल बा।

– आनन्द विहार टर्मिनल से निरस्त 04056 आनन्द विहार टर्मिनल-बलिया क्लोन विशेष गाड़ी के संचलन 25 अक्टूबर, 2023 से बहाल कs दिहल गइल बा।

– जालना से निरस्त 07651 जालना-छपरा विशेष गाड़ी के संचलन 25 अक्टूबर, 2023 से बहाल कs दिहल गइल बा।

– छपरा से निरस्त 07652 छपरा-जालना विशेष गाड़ी के संचलन 27 अक्टूबर, 2023 से बहाल कs दिहल गइल बा।

– ओखा से निरस्त 09525 ओखा-नाहरलगुन विशेष गाड़ी के संचलन 24 अक्टूबर, 2023 से बहाल कs दिहल गइल बा।

– नाहरलगुन से निरस्त 09526 नाहरलगुन-ओखा विशेष गाड़ी के संचलन 28 अक्टूबर, 2023 से बहाल कs दिहल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.