नागपुर में हिट एंड रन के मामिला, टक्कर के बाद नाहीं चलल कार तs पैदले भाग गईल आरोपी

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 12, 2024

  नागपुर में हिट एंड रन के मामिला सोझा आईल बा। इहाँ एगो कार सवार एगो खड़ा गाड़ी के पीछे से टक्कर मार देलस। दुर्घटना के बाद जब गाड़ी ना चलल तs आरोपी पैदल मौका

Share

 

नागपुर में हिट एंड रन के मामिला सोझा आईल बा। इहाँ एगो कार सवार एगो खड़ा गाड़ी के पीछे से टक्कर मार देलस। दुर्घटना के बाद जब गाड़ी ना चलल तs आरोपी पैदल मौका से फरार हो गईल। दुनो गाड़ी के मौका से बरामद कs लिहल गईल बा। पीछे से टक्कर मारल गईल गाड़ी में पांच लोग रहले अवुरी सभे पैदल मौका से फरार हो गईले। पुलिस एs मामला में जांच शुरू कs देले बिया। दुनो गाड़ी के मौका से बरामद कs लिहल गईल बा।

पार्किंग में खड़ा एगो कार में एगो परिवार के तीन लोग बईठल रहले। एगो आदमी अपना पत्नी अवुरी छोट बच्चा के संगे गाड़ी के भीतर रहे। एह हादसा में तीनों घायल हो चुकल बाड़े अवुरी तीनों के इलाज खातीर अस्पताल पहुंचावल गईल बा। एs मामला में सबसे शर्मनाक बात इs रहे कि जब आरोपी के गाड़ी स्टार्ट ना भईल तs उs लोग घायल आदमी, ओकर पत्नी के संगे छोट बेटा के उहाँ छोड़ के भाग गईले। जबकि उनुका लापरवाही के चलते तीनों लोग घाही हो गईल रहले।

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.