Gorakhpur News: हिस्ट्रीशीटर ललकू फरार, तलाश में पुलिस देलस दबिश

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 27, 2023

गोरखपुर जिला में बड़हलगंज क्षेत्र के खड़ेसरी गांव निवासी हिस्ट्रीशीटर लालबाबू यादव उर्फ ललकू यादव सहित छव गो आरोपियन पs रामजतन के तहरीर पs केस दर्ज कs के पुलिस ओकनी के तलाश में जुटल बिया।

Share

गोरखपुर जिला में बड़हलगंज क्षेत्र के खड़ेसरी गांव निवासी हिस्ट्रीशीटर लालबाबू यादव उर्फ ललकू यादव सहित छव गो आरोपियन पs रामजतन के तहरीर पs केस दर्ज कs के पुलिस ओकनी के तलाश में जुटल बिया। पुलिस ओकरा ठिकानन पs दबिश देले बिया।

जानकारी के मोताबिक, बड़हलगंज क्षेत्र के खड़ेसरी गांव निवासी रामजतन तहरीर में कहले कि 16 नवंबर के ऊ आपन जमीन 8.75 लाख रुपिया में पूनम गुप्ता के नावे बैनामा कइलें। 22 नवंबर के ललकू, सुनील, उमेश सहित दु-तीन अज्ञात लोग असलहा के संगे घर पs आके बैनामा में मिलल पौने नौ लाख रुपिया वापस मांगे लागल। मना कइला पs जान से मारे के धमकी देलस।

पाकिट से 2200 रुपिया आ पासबुक छीनके फरार हो गइले सs। रामजतन कहलें कि आरोपी पेशेवर अपराधी हs। दुष्कर्म आ छेड़खानी के फर्जी केस दर्ज कराके वसूली कइल एकर पेशा हs।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.