23 जुलाई के इतिहास ; चंद्रशेखर आजाद के जन्म,जानी देश दुनिया के

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 23, 2024

आज देश में एफएम आ प्राइवेट चैनलन के भरमार बा बाकिर एगो समय रहे जब रेडियो आ दूरदर्शन ही समाचार आ मनोरंजन के साधन रहे। ऑल इंडिया रेडियो के स्थापना 1927 में 23 जुलाई के

Share

आज देश में एफएम आ प्राइवेट चैनलन के भरमार बा बाकिर एगो समय रहे जब रेडियो आ दूरदर्शन ही समाचार आ मनोरंजन के साधन रहे। ऑल इंडिया रेडियो के स्थापना 1927 में 23 जुलाई के भइल आ ओह घरी एह सेवा के नाम भारतीय प्रसारण निगम रखल गइल। देश में रेडियो प्रसारण 1927 में मुंबई आ कोलकाता के दू गो निजी ट्रांसमीटर से शुरू भइल रहे।

आज देश में एफएम आ प्राइवेट चैनलन के भरमार बा बाकिर एगो समय रहे जब रेडियो आ दूरदर्शन ही समाचार आ मनोरंजन के साधन रहे। ऑल इंडिया रेडियो के स्थापना 1927 में 23 जुलाई के भइल आ ओह घरी एह सेवा के नाम भारतीय प्रसारण निगम रखल गइल। देश में रेडियो प्रसारण 1927 में मुंबई आ कोलकाता के दू गो निजी ट्रांसमीटर से शुरू भइल रहे। 1930 में एकर राष्ट्रीयकरण भइल आ 1957 में एकर नाम बदल के आकाशवाणी कर दिहल गइल। प्रसार भारती (भारतीय प्रसारण निगम के नाँव से भी जानल जाला) भारत के एगो सार्वजनिक प्रसारण संस्था बाटे। एहमें मुख्य रूप से दूरदर्शन आ आकाशवाणी शामिल बा। सरकारी प्रसारण संस्थानन के स्वायत्तता देबे के मंशा से प्रसार भारती के गठन 23 नवम्बर 1997 के भइल जवन देश के एगो सार्वजनिक प्रसारण संस्थान हs आ एहमें मुख्य रूप से दूरदर्शन आ ऑल इंडिया रेडियो शामिल बा।

देश आ दुनिया के इतिहास में 23 जुलाई के तारीख के दर्ज अन्य घटना के क्रमिक विवरण निम्नलिखित बा…

  • 1555 : सिरहिंद में सिकंदर सूरी के हरा के मुगल शासक हुमायूं दिल्ली पहुंचल।
  •  1829 : अमेरिका के विलियम ऑस्टिन बर्ट एह टाइपोग्राफ के पेटेंट करवले जवना चलते बाद में टाइपराइटर के विकास भइल ।
  •  1856 : तिलक, गणितज्ञ, दार्शनिक आ राष्ट्रवादी बाल गंगाधर के जनम भइल।
  •  1877 : हवाई में पहिला बेर टेलीफोन आ टेलीग्राफ लाइन बिछावल गइल।
  •  1881 : अंतर्राष्ट्रीय जिमनास्टिक फेडरेशन खेल महासंघ के स्थापना कइलस। ई दुनिया के सभसे पुरान खेल महासंघ हटे।
  •  1898 : ज्ञानपीठ पुरस्कार से सम्मानित बंगाली के मशहूर साहित्यकार तारशंकर बंदोपाध्याय के जनम भइल ।
  •  1903 : मोटर कंपनी फोर्ड आपन पहिला कार बेच दिहलस।
  •  1906 : स्वतंत्रता सेनानी चंद्रशेखर आजाद के जनम भइल।
  •  1920 : ब्रिटिश कब्जा वाला पूर्वी अफिरका के नाँव केन्या रखल गइल आ ब्रिटिश उपनिवेश बनावल गइल।
  •  1927 : मुंबई से रेडियो सेवा के नियमित प्रसारण शुरू भइल।
  •  1932 : भारतीय अभिनेता आ फिल्म निर्देशक महमूद के निधन हो गइल ।
  •  1974 : ग्रीस में सैन्य शासन खतम हो गइल आ पूर्व प्रधानमंत्री कॉन्स्टेंटाइन करमनलिस के फेर से सत्ता सम्हारे के नेवता दिहल गइल ।
  •  1993 : छत्तीसगढ़ के स्वतंत्रता सेनानी में से एक लक्ष्मण प्रसाद दुबे के निधन।
  •  2001 : मेगावती सुकरनोपुत्री इंडोनेशिया के राष्ट्रपति बनली।
  •  2005 : मिस्र के शर्म-एल-शेख रिसॉर्ट में बम विस्फोट में 88 लोग के मौत हो गइल ।
  •  2012 : इराक में भइल लगातार हमला में 103 लोग के मौत हो गइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.