[the_ad_group id="30365"]

‘चंपा षष्ठी’ से पहिले सांप्रदायिक सौहार्द बिगड़ले के कोशिश, हिंदू जागरण लगवलस विवादित पोस्टर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कर्नाटक में चंपा षष्ठी त्योहार से पहिले एक बेर फिर से सांप्रदायिक सौहार्द बिगड़ले के कोशिश कइल जा रहल बा। हिंदू जागरण वेदिके दक्षिण कन्नड़ जिला के सुब्रमण्य में ‘चंपा षष्ठी’ से पहिले एक विवादित पोस्टर लगा के हंगामा खड़ा कS दिहले बा। बतावल जा रहल बा कि एह पोस्टर में  मेला के दौरान अन्य समुदाय के दुकानन अउर स्टॉल पर प्रतिबंध लगवले के घोषणा कइल गइल बा।

महाराष्ट्र अउर कर्नाटक में रखल जाला चंपा षष्ठी व्रत 

चंपा षष्ठी व्रत मुख्यत: महाराष्ट्र अउर कर्नाटक में रखल जाला। एही दिन भगवान शिव अउर कार्तिकेय के पूजा कइले के विधान बा। एह दिन व्रत अउर पूजा करे से पाप मिटsला, कष्ट दूर होला, संकट के नाश होला अउर मनोकामना पूरा होला।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]