हिंदी निबंध लेखन प्रतियोगिता के भइल आयोजन, विजेता छात्रन के भइल सम्मान

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 15, 2024

देवरिया। नेहरू युवा केन्द्र देवरिया आ युवा कल्याण आउर प्रादेशिक विकास दल विभाग देवरिया के संयुक्त तत्वावधान में हिंदी दिवस के अवसर पs गोष्ठी आ निबंध लेखन प्रतियोगिता के आयोजन भइल। बरहज के सतराव में

Share

देवरिया। नेहरू युवा केन्द्र देवरिया आ युवा कल्याण आउर प्रादेशिक विकास दल विभाग देवरिया के संयुक्त तत्वावधान में हिंदी दिवस के अवसर पs गोष्ठी आ निबंध लेखन प्रतियोगिता के आयोजन भइल। बरहज के सतराव में आदर्श कल्याण सेवा समिति के ओर से संचालित संस्थान में युवक मंगल दल अध्यक्ष राहुल मल्ल के नेतृत्व में कइल गइल।

कार्यक्रम में बतौर मुख्य अतिथि समाजसेवी रणविजय कुमार आ भाजपा मंडल उपाध्यक्ष शिवम पांडेय, सह संचालक हरीश कुमार के उपस्थिति रहल। हिंदी के बढ़ावा देवे में हिंदी भाषा के निबंध लेखन प्रतियोगिता में नवहन के उत्साह देखे के मिलल। जेमे 11वीं के छात्रा संजना सिंह प्रथम स्थान, हर्षवर्धन सिंह द्वितीय स्थान आ 10वीं के छात्रा शालनी कुमारी तृतीय स्थान पs रहल लो।

विजेता प्रतिभागियन के उत्साहवर्धन करत अतिथियन के ओर से मेडल देके सम्मानित कइल गइल। एह अवसर पs संचालक अखिलेश सिंह, राष्ट्रीय युवा स्वयंसेवक देवव्रत पांडेय, संतू साहनी, हिमांशु विश्वकर्मा के उपस्थिति रहल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.