[the_ad_group id="30365"]

गाजीपुर में 50 लोगन से भरल बस पs गिरल हाईटेंशन : आग से छव गो शव निकालल गइल, खिसीआइल भीड़ के पुलिस पs पथराव ; रेस्क्यू ऑपरेशन जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गाजीपुर में 50 बारातियन से भरल बस पs हाईटेंशन तार गिर गइल। जवना से बस में भीषण आग लाग गइल। जरत आग से छव गो शवन के बाहर निकालल गइल बा। हादसा के बाद खिसिआइल पुलिस प्रशासन पs जमके पथराव कs दिहल। फिलहाल, मवका पs रेस्क्यू ऑपरेशन जारी बा।

बस मऊ के खिरिहा खाजा से बारात लेके महाहर धाम जात रहे। खाली 1 किलोमीटर के रास्ता बचावे खातिर मेन रोड के जगे शॉर्टकट बस के ले जाइल जात रहे। एह बीच, महाहर गांव के लगे पहुंचतही चलत बस हाईटेंशन लाइन से टच हो गइल।

बस में सवार लोगन के पहिले करंट के तेज झटका लागल। एकरा बाद बस धू-धू कs के जरे लागल। कुछे सेकेंड में बस आग के गोला बन गइल। केहू के बस से बहरी निकले के मवका ना मिलल। बस में सवार कइयन लोगन के मौत के आशंका जतावल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]