[the_ad_group id="30365"]

हाई प्रोफाइल परिवार: दहेज मंगलस, ससुर कइले शराब पीये के जिद, पतोह खोलली मोर्चा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

आगरा में एगो हाई प्रोफाइल परिवार के मामला सोझा आईल बा। महिला अपना पति अवुरी ससुराल के खिलाफ सिकंदरा थाना में दहेज उत्पीड़न के मामला दर्ज करवले बिया। महिला के आरोप बा कि ओकरा बियाह में 1.21 करोड़ रुपया खर्च भईल। एकरा बाद भी ससुराल के लोग दहेज खातिर यातना दे रहल बा।

पश्चिमपुरी थाना सिकंदरा निवासी महिला प्राथमिकी दर्ज करवले बिया। प्राथमिकी के मुताबिक महिला के बियाह 20 नवंबर 2021 के आवास विक के निवासी एगो युवक से भईल रहे। पीड़िता के पिता ए बियाह में 1.21 करोड़ रुपया खरच कईले। बियाह के बाद पति ऑडी कार अवुरी बिजनेस खातीर 50 लाख रुपया के मांग करे लगले। जब मांग पूरा ना भइल त ओकरा से मारपीट कइल गइल। ससुराल के लोग ताना मारे लगले कि बियाह में बेटा के हाथ में एक करोड़ रुपया नगद ना दिहल गईल।

बियाह में कुल खरचा के हिसाब

बियाह समारोह में खर्चा भईल पईसा के हिसाब पीड़िता दे देले बिया। पीड़िता बतवली कि 4 अप्रैल 2021 के जब बिआह भईल त उ हलदीराम रेस्टोरेंट में 25 हजार रुपया खर्च कईले रहली। रिंग समारोह 15 जुलाई 2021 के होटल डबल ट्रीवाय हिल्टन में भइल। एकरा में 5 लाख 20 हजार रुपया खर्च भईल। एकरा से पहिले 12 जुलाई के ससुराल के 25 लाख रुपया के सोना के आभूषण दिहल गईल रहे। रिंग समारोह में 41 लाख रुपया के नकदी पति के हाथ में राखल गईल। एकरा अलावे चार लाख रुपया कपड़ा अवुरी बर्तन खरीदे खातीर दिहल गईल।

20 जुलाई के लगन कार्यक्रम खातिर 80 हजार रुपिया कपड़ा, पति के चेन, 1.55 लाख रुपया अंगूठी अवुरी 1.35 लाख रुपिया सास के गर्दन के चेन दिहल गईल। साढ़े तीन लाख रुपया में 26 नवम्बर के बियाह खातिर पश्चिमपुरी में वैली मैरिज होम बुक कइले। 1500 मेहमानन के भोज खातिर 24 लाख के भुगतान भइल। एह तरह से एक करोड़ 20 लाख 85 हजार रुपया के खर्चा अन्य खर्चा समेत भइल।

ससुर आ देवर पs आरोप

पीड़िता अपना ससुर पs बुरा नजर राखे अवुरी जबर्दस्ती शराब पीये अवुरी अश्लील काम करे के आरोप लगवले बिया। पति के ओर से खाली कागज पs जबरदस्ती हस्ताक्षर करे के कोशिश कईल गईल। एक दिन सब मिल के हमरा के पीट दिहलस। गर्दन दबा दिहलस, जवना के चलते हम बेहोश हो गईनी। पुलिस प्राथमिकी दर्ज करवले बिया। थाना प्रभारी आनंद कुमार शाही के कहनाम बा कि ए मामला में चर्चा होखता। तथ्य के आधार पs कार्रवाई कईल जाई।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]