[the_ad_group id="30365"]

अमरावती के नागपुरी गेट पुलिस स्टेशन पs भारी पथराव, 10 पुलिसकर्मी घायल, लाठीचार्ज आ छोड़ले आंसू गैस के गोला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

महाराष्ट्र के अमरावती में भारी बवाल मचल बा। विरोध करत अल्पसंख्यक समुदाय के लोग नागपुरी गेट थाना पs भारी पथराव कईले। एकरा चलते बहुत पुलिसकर्मी घाही हो चुकल बाड़े। पत्थरबाजी में पुलिस के बहुत गाड़ी अवुरी बाइक के नुकसान पहुंचल। भीड़ के तितर-बितर करे खातीर पुलिस के लाठीचार्ज के सहारा लेवे के पड़ल। एकरा अलावे पुलिस आंसू गैस के गोला भी छोड़लस। मौका पs तनाव देख के पुलिस आयुक्त नागपुरी गेट थाना क्षेत्र में बीएनएस के धारा 163 के तहत जुटान पs रोक लगावे के आदेश जारी कs देले।

महंत यति नरसिंहानंद महाराज के विवादित बयान पs फूटल गुस्सा

जानकारी के मुताबिक यूपी महंत यति नरसिंहानंद महाराज के मुस्लिम धार्मिक नेता के खिलाफ दिहल विवादित बयान के बाद अमरावती में तनाव बढ़ गईल बा। शनिचर के दिने भारतीय सोशल डेमोक्रेटिक पार्टी से जुड़ल अल्पसंख्यक समुदाय के लोग नागपुरी गेट थाना में थाना के घेराबंदी कs के कार्रवाई के मांग करत प्रदर्शन कइल. हालात तब अउरी खराब हो गइल जब कुछ बदमाश थाना आ ओहिजा मौजूद पुलिसकर्मी पs पथराव कइले. एs घटना में 8 से 10 पुलिसकर्मी घाही हो गईले। चार से पांच बड़ पुलिस गाड़ी अवुरी 10 से 15 मोटरसाइकिल के तोड़फोड़ अवुरी नुकसान पहुंचावल बा।

एक घंटा ले हंगामा चलत रहल

स्थिति के काबू में राखे खातीर पुलिस अतिरिक्त बल बोलवलस अवुरी भीड़ के काबू में राखे खातीर लाठीचार्ज कईलस। आंसू गैस के गोला भी छोड़ल गईल। करीब एक घंटा के हंगामा के बाद हालात काबू में आ गईल। नागपुरी गेट क्षेत्र में बढ़त तनाव के चलते पुलिस लॉकडाउन लगा देले बिया। पुलिस आयुक्त नवीन चंद्र रेड्डी आदेश जारी करत कहले कि हालात काबू में बा, बाकिर एहतियात के तौर पs पुलिस बल के तैनाती कईल गईल बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]