[the_ad_group id="30365"]

अफगानिस्तान में अचानक आईल बाढ़ मचवलस तबाही, 33 के मउत 27 लोग भइले घायल…

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

अफगानिस्तान में भइल भारी बरखा से तबाही मच गइल बा. भारी बरखा के चलते भईल बाढ़ से भारी तबाही मचल बा। बरखा के बाद आइल बाढ़ में नाहियो तs 33 लोग के मउत हो गइल बा आ 27 लोग घवाहिल हो गइल बा. तालिबान के प्रवक्ता अब्दुल्ला जनान सैक के कहना बा कि राजधानी काबुल आ कई गो प्रांतन में अचानक बाढ़ आइल जवना से बहुते नुकसान भइल बा.

बरखा से तबाही मच गईल

अब्दुल्ला जनन बतवले कि बाढ़ के चलते 600 से जादा घर तबाह हो गईल बा, ना तs क्षतिग्रस्त हो गईल बा। बरखा के चलते करीब 200 मवेशी के मउत हो चुकल बा। एसएसी के कहनाम बा कि बाढ़ से 800 हेक्टेयर खेती के जमीन भी नष्ट हो चुकल बा अवुरी 85 किलोमीटर से जादे सड़क के नुकसान पहुंचल बा। उs बतवले कि बाढ़ से सबसे जादा नुकसान पश्चिमी फराह, हेरात, दक्षिणी जाबुल अवुरी कंधार प्रांत में भईल बा। फिलहाल अफगानिस्तान में बरखा से राहत के कवनो संकेत नइखे लउकत. मौसम विभाग अफगानिस्तान के अधिकतर 34 प्रांतन में आवे वाला दिनन में अउरी बरखा के अनुमान लगवले बा।

मौसम खराब हो रहल बा

एकरा से पहिले भी अफगानिस्तान में प्राकृतिक आपदा में बहुत लोग आपन जान गंवा चुकल बाड़े। एकरा से पहिले फरवरी में पूर्वी अफगानिस्तान में भारी बर्फबारी के बाद भूस्खलन में 25 लोग के मउत हो गईल रहे। जबकि मार्च में तीन हफ्ता के बरखा में करीब 60 लोग के मउत हो गईल रहे। संयुक्त राष्ट्र पिछला साल चेतवले रहुवे कि अफगानिस्तान में चरम मौसम के हालात में बड़हन बदलाव होखत बा. वैज्ञानिक लोग के कहनाम बा कि ग्लोबल वार्मिंग के चलते मौसम के पैटर्न बिगड़ रहल बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]