[the_ad_group id="30365"]

नेपाल में मदन-आश्रित राजमार्ग पs भारी भूस्खलन, 63 यात्री के ले जात 2 गो बस त्रिशूली नदी में डूबल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

नेपाल में खराब मौसम के चलते भईल भारी भूस्खलन के जानकारी सोझा आवता। मध्य नेपाल के मदन-अशेता राजमार्ग पर आजु सबेरे भइल भारी भूस्खलन का चलते करीब 63 गो यात्रियन के सवार दू गो बस त्रिशूली नदी में गिरल बतावल जात बा. एहसे एगो आक्रोश पैदा हो गइल बा. मौका पs राहत अवुरी बचाव दल पहुंच गईल बा। नदी में डूबल लोग के बचावे में भी स्थानीय लोग प्रशासन के मदद कs रहल बाड़े।  “प्रारंभिक जानकारी के अनुसार दुनु बस मे बस चालक सहित कुल ६३ जने सफर करत रहले । बतावल जाता कि घटना सबेरे साढ़े तीन बजे भईल।

प्रत्यक्षदर्शी के मुताबिक भूस्खलन के शिकार भईल दुनो बस सबेरे करीब साढ़े तीन बजे अन्हार के चलते त्रिशुली नदी में बह गईल। नेपाल के चितवन के मुख्य जिला अधिकारी इन्द्रदेव यादव एएनआई के बतवले कि हमनी के घटना स्थल पs बानी अवुरी तलाशी अभियान चलता। लापता बसन के पता लगावे के हमनी के कोशिश लगातार बरखा के चलते बाधित हो रहल बा. बता दीं कि नेपाल में पिछला कई दिन से भारी बरखा आ भूस्खलन जारी बा। एकरा चलते अबे ले बहुत लोग के मौत हो चुकल बा। कई जगहा भूस्खलन के चलते राजमार्ग टूटल भा क्षतिग्रस्त हो चुकल बा। अयीसना में लोग के परिवहन में बाधा के सामना करे के पड़ता। बरखा अबे ले नईखे रुकल।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]