[the_ad_group id="30365"]

रामपुर में बादल फटला से भारी तबाही, 36 लोग लापता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

शिमला जिला के रामपुर में काल्ह सबेरे बादल फाट गइल। झाकरी के समेज खाद में बादल फटला से 36 लोग के लापता होखे के खबर बा। लापता लोग के खोजे खातिर बचाव दल तलाशी अभियान शुरू कऽ देले बिया। बादल फटला के चलते इलाका में हर जगह तबाही के नजारा देखाई देता।

 

रामपुर : हिमाचल प्रदेश में बरसात के मौसम में ऊपरी इलाका में बादल फाटल शुरू हो गइल बा। मामला शिमला जिला के रामपुर के हऽ। रामपुर के झाकरी के समेज खाद में आज बादल फाटे के घटना सोझा आइल बा। काल्ह यानी बियफे के सबेरे सबेरे समेज खाद के जल परियोजना के लगे बादल फाट गइल जवना से इलाका में भारी तबाही भइल। एकरा संगे-संगे बादल फटला के जानकारी मिलते रामपुर अनुमंडल प्रशासन, एनडीआरएफ, सीआईएसएफ, होमगार्ड अवुरी मेडिकल टीम मौका पs पहुंचल।

एसडीएम रामपुर निशांत तोमर के मुताबिक अब तक मिलल जानकारी में बादल फटला के चलते प्रभावित इलाका से केहु के बाहर ना निकालल गइल 36 लोग के लापता बतावल जाता। साथही एह तबाही के चलते कई जगहा सड़को टूट के बंद हो गइल बा। जवना के चलते बचाव दल दु किलोमीटर पैदल चलल आ उपकरण के संगे मौका पs पहुंचल। बचाव दल राहत के काम शुरू क देले बिया।

लापता लोगन के सूची

लापता लोगन के खोजे खातिर सर्च ऑपरेशन जारी

एसडीएम रामपुर बतवले कि बचाव दल में आईटीबीपी आ स्पेशल होमगार्ड टुकड़ीयो के शामिल कइल गइल बा। सब टीम एकजुट होके बचाव अभियान में लागल बिया। बचाव अभियान के दौरान एम्बुलेंस समेत सब बुनियादी सुविधा के तैनाती कइल गइल बा। एसडीएम रामपुर निशांत तोमर बतवले कि एह आपदा में लापता लोग के खोजे खातिर बचाव दल के ओर से तलाशी अभियान चलावल जा रहल बा। लोग के बचावे के हर संभव प्रयास हो रहल बा।

डीसी अवुरी एसपी शिमला भी मौका पs निकल गइले। डीसी शिमला अनुपम कश्यप बतवले कि घटना के जानकारी मिलते एनडीआरएफ के टीम, पुलिस अउरी बचाव दल मौका पs पहुंचल। राहत आ बचाव के काम शुरू कऽ दिहल गइल बा। डीसी शिमला बतवले कि अपर उपायुक्त के अध्यक्षता में एगो समिति बनावल गइल बा, जवना में पुलिस, होमगार्ड, फायर ब्रिगेड, सुन्नी बांध प्रबंधन आ बाकी विभाग के शामिल कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]