[the_ad_group id="30365"]

सिक्किम के नाथुला में एवलांच के चलते भारी तबाही, 6 पर्यटक के मौत; 150 लोग के फसला के खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सिक्किम के नाथुला में एवलांच के चलते भारी तबाही, 6 पर्यटक के मौत; 150 लोग के फसला के खबर

सिक्किम में हिमस्खलन के चलते जबरदस्त तबाही के खबर बा। नाथुला सीमा के लगे प्रकृति के इ तबाही टूट गईल बा। आजु हिमस्खलन नाथू ला पर्वत दर्रा में पड़ल जवना में 6 गो पर्यटकन के मौत हो गइल आ अउरी कई लोग घवाहिल हो गइल बा| मरेवाला में चार आदमी, एगो महिला अउरी एगो बच्चा शामिल बाड़े। हिमस्खलन के बाद कई गो पर्यटक बर्फ के नीचे फंस जाए के आशंका बा, जवना के बाद बचाव अभियान शुरू हो गईल बा।

मौका पे बचाव दल मौजूद बा। सिक्किम पुलिस के संगे-संगे स्थानीय लोग भी बर्फ के नीचे दफन लोग के तलाशी अभियान में मदद करतारे।

बतावल जाता कि ई घटना रात के करीब 12:20 बजे गंगटोक से नाथुला दर्रा से जोड़े वाला जवाहरलाल नेहरू मार्ग पर भइल| जवना जगहा हादसा भइल बा ओहिजा जाए खातिर पास जारी कइल जाला| ई पास 13वां मील खातिर जारी बा, लेकिन पर्यटक बिना अनुमति के 15वां मील के ओर चल गईले। इ घटना खुद 15वां मील में भईल रहे।

150 से अधिक पर्यटक फसल

पुलिस के मुताबिक, अबे तक 150 मील से आगे 150 से जादे पर्यटक फसल बाड़े। एही बीच बर्फ में फसल 30 पर्यटकन के बचा के गंगटोक के एसटीएनएम अस्पताल आ सेंट्रल रेफरल अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा|

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]