[the_ad_group id="30365"]

राजस्थान-बिहार में तेज ठंड से जनजीवन अस्त वयस्त, UP में शीतलहर के चेतावनी : कोहरा से कइयन ट्रेन ले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर भारत के लगभग सब राज्य कड़ाका के सर्दी के चपेट में बा। उत्तराखंड, पंजाब, हरियाणा, उत्तर प्रदेश, ओडिशा आ बिहार में आज कोल्ड वेव के अलर्ट बा। इहां सुक के न्यूनतम तापमान 3º से 6º के बीच रिकॉर्ड कइल गइल। हरियाणा के हिसार में पारा 2.7º पहुंच गइल बा। एकरा अलावे एह राज्यन में शीतलहर चलल, जवना से ठिठुरन बढ़ल।

ओने, मध्य प्रदेश आ राजस्थान के कइयन शहरन में सीवियर कोल्ड डे के चेतावनी जारी कइल गइल बा। एह शहरन में न्यूनतम तापमान बीतल कइयन दिनन से 7º के आसपास बनल बा। हालांकि, मौसम विभाग के मोताबिक अगिला 4-5 दिनन में तापमान में दु से तीन डिग्री के बढ़न्ती होई। एसे ठंड आ ठिठुरन से राहत मिलला के उम्मीद बा।

देस के 15 राज्यन के दिन के सुरुआत आजूओ कोहरा के संगे भइल। पंजाब, हरियाणा, बिहार, राजस्थान, उत्तराखंड, मध्य प्रदेश, पश्चिम बंगाल, ओडिशा आ नॉर्थ ईस्ट के सात राज्यन में कोहरा के चलते विजिबिलिटी प्रभावित भइल। दिल्ली में घना कोहरा के कारण कइयन गो ट्रेन अपना निर्धारित समय पs स्टेशन ना पहुंच सकल। एसे यात्रियन के घंटन इंतजार करे के पड़ल।

दक्षिण के राज्यन में कोल्ड वेव आ कोल्ड डे के अलर्ट जारी नइखे कइल गइल। हालांकि, तमिलनाडु के कुछ इलाकन में सर्दी के असर देखे के मिलल बा। ऊटी में सनीचर के सबेरे तापमान 2.5 डिग्री पहुंच गइल। ओहिजा, अंडमान-निकोबार द्वीप समूह के अलावे आज कवनो आउर राज्य में बरखा के संभावना नइखे।

आगे कैसा रहेगा मौसम

  • प्राइवेट वेदर एजेंसी स्काईमेट के मोताबिक, अगिला 24 घंटा में उत्तर प्रदेश, पंजाब, हरियाणा, बिहार, राजस्थान में सीवियर कोल्ड के इस्थिति बनल रही। जम्मू-कश्मीर, लद्दाख आ हिमाचल प्रदेश के कुछ हिस्सन में बर्फबारी हो सकत बा।
  • पंजाब, हरियाणा, उत्तर प्रदेश, राजस्थान, उत्तराखंड, मध्य प्रदेश, बिहार, पश्चिम बंगाल आ पूर्वोत्तर भारत के कुछ राज्यन में घना कोहरा छाइल रही।
  • अंडमान-निकोबार द्वीप समूह, सिक्किम, असम, अरुणाचल प्रदेश, ओडिशा  आ आंध्र प्रदेश में हलुक बरखा हो सकती  बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]