Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर से सपा प्रत्याशी काजल निषाद के हार्ट अटैक : गंभीर हालत में लखनऊ के मेदांता रेफर; चुनाव प्रचार करत घरी भइल रहली बेहोश

157

गोरखपुर से समाजवादी पार्टी के प्रत्याशी काजल निषाद (41) के हार्ट अटैक आइल बा। डॉक्टर काजल निषाद के लखनऊ मेदांता रेफर कइले बा लो। घर के लोग उनका लेके लखनऊ रवाना हो गइल। अतवार के रात करीब पौने नौ बजे उनका हार्ट अटैक आइल।

लोकसभा चुनाव के तारीख घोषित होखला के बादे से काजल निषाद चुनाव प्रचार में जुटल बिया। काजल निषाद के पति संजय निषाद बतवलें कि पांच अप्रिल के चुनाव प्रचार करत घरी चक्कर आ गइल आ ऊ बेहोश हो गइली।

एकरा बाद उनका के गोरखपुर के स्टार अस्पताल ले आवल गइल रहे। जहां डॉक्टर लोग उनका के प्राथमिक उपचार देला के संगही हाई बीपी के चलते भर्ती कs लेले रहे।

दुगो विधानसभा आ एगो निकाय चुनाव हार चुकल बाड़ी

यूपी विधानसभा चुनाव 2012 में काजल निषाद कांग्रेस के टिकट पs गोरखपुर ग्रामीण से चुनाव लड़ले रहली, बाकिर हार गइली। फरवरी 2012 में ऊ बहुजन समाजवादी पार्टी के नेता राम भुआल निषाद आ उनका समर्थकन पs FIR दर्ज करववले रहली। जेमे आरोप लगवले रहली कि ककरखोर में चुनाव प्रचार के दौरान राम भुआल आ उनकर समर्थक उनका पs जानलेवा हमला करववले रहली।

2022 के विधानसभा चुनाव में समाजवादी पार्टी काजल निषाद के कैपियरगंज विधानसभा सीट से आपन प्रत्याशी बनाके मैदान में उतरले रहली। हालांकि, एह दौरान काजल के भाजपा प्रत्याशी आ पूर्व मंत्री फतेह बहादुर सिंह के सामने हार के सामना करे के पड़ल रहे।

एतनही ना, 2023 में भइल निकाय चुनाव में सपा उनका के गोरखपुर महापौर के पद पs मैदान में उतरले रहे। बाकिर, भाजपा प्रत्याशी डॉ. मंगलेश श्रीवास्तव से कड़ा टक्कर के बाद ऊ अबकियो बेर चुनाव हार गइली।

साभार : दैनिक भास्कर

784290cookie-checkगोरखपुर से सपा प्रत्याशी काजल निषाद के हार्ट अटैक : गंभीर हालत में लखनऊ के मेदांता रेफर; चुनाव प्रचार करत घरी भइल रहली बेहोश

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.