[the_ad_group id="30365"]

Covid-19: भारत में मिलल कोरोना के नया JN.1 वेरिएंट, का बन सकेला नया लहर के कारन?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

कोरोना महामारी एक बार फिर से लोग के चिंता बढ़ा देले बा। दरअसल चीन आ अमेरिका के बाद अब भारत में एह वायरस के नया सबवेरिएंट जेएन.1 के पहिला मामिला सामने आइल बा। केरल से एह मामिला के सोझा अईला के बाद एक बेर फेर से लोग के चिंता बढ़ गईल बा। अइसना में हमनी के एह नया वेरिएंट से जुड़ल महत्वपूर्ण बातन के जानकारी दिहल जाव-

पूरा दुनिया में तबाही मचावे वाला कोरोना महामारी अबहियों हमनी के छोड़त नइखे। भले कुछ समय से पूरा दुनिया में एकर केस में कुछ गिरावट आईल बा, लेकिन अबे ले एकर खतरा नईखे खतम भईल।कई बेर एह वायरस के बिबिध रूप से लोग के चिंता बढ़ गइल बा। एही बीच एकरा लेके लोग के चिंता एक बेर फेरु से बढ़ गईल बा। दरअसल चीन में जहाँ ईs महामारी शुरू भइल रहे, अब कोरोना के एगो नया सबवेरिएंट जेएन.1 (JN.1) के मामिला सामने आइल बा।

कोरोना के एह नया सबवेरिएंट के पहिली बेर लक्जमबर्ग में पहिचान भइल, एकरे बाद एकर केस यूके, आइसलैंड, फ्रांस आ अमेरिका में भी लउके लागल। एतने ना, कोरोना के एह सबवेरिएंट के एगो मामिला भारत में ही सामने आइल बा। हाल में केरल में एह नया सबवेरिएंट जेएन.1 के पुष्टि भइल बा। जइसहीं ई मामिला सोझा आइल तs एक बेर फेरु सभका चिंता बढ़ गइल बा। अइसना में आज एह लेख में हमनी के कोरोना के एह नया सबवेरिएंट से जुड़ल सब बात जानब जा, जवन रउरा सभे खातिर जानल जरूरी बा।

जेएन.1 के लक्षण का बा?

सीडीसी के अनुसार कोरोना के एह नया उपरूप के कवनो खास लक्षण अबे ले नइखे लउकल। अइसना में ई पता लगावल मुश्किल हो जाला कि एकर लक्षण Covid-19 के अन्य वेरिएंट से अलग बा कि ना। अगर हमनी के कोरोना के आम लक्षण के बात करीं जा तs एहमें निम्नलिखित शामिल बा-

*जर बोखार

*लगातार खांसी होखे लागल

*जल्दी थकल

*नाक के अवरुद्ध हो गईल

*नाक बहल

*दस्त

*कपार दरद

 नया वेरिएंट केतना खतरनाक बा?

फिलहाल जेएन.1 के संबंध में कवनो विस्तृत जानकारी नईखे मिलल। सीडीसी के मुताबिक, ए वेरिएंट के बढ़त मामिला के देखत कहल जा सकता कि या तs इs जादे संक्रामक बा, या फिर इs हमनी के प्रतिरक्षा प्रणाली से आसानी से भाग सकता। उ इहो साफ कईले कि फिलहाल कवनो सबूत नईखे कि जेएन.1 कोरोना के वर्तमान में मौजूद बाकी वेरिएंट से जादे खतरनाक बा कि ना।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]