[the_ad_group id="30365"]

BPSC परीक्षा पैटर्न में बड़ बदलाव: इंटरव्यू में केतना नंबर दिहल गइल बा, कैंडिडेट के एकर जवाब दी बोर्ड, 69वीं से होई कंबाइंड PT

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

BPSC परीक्षा के लेके सोमार के बड़ बदलाव कइल गइल। अब से बोर्ड के इंटरव्यू में दिहल गइल नंबर के एक्सप्लेन करे के होई। होगा। ई जानकारी बीपीएससी के चेयरमैन अतुल प्रसाद देलें। ऊ उदाहरण देत बतवलें कि जदि अभ्यर्थियन के 30% से कम भा फेर 80% से जादे नंबर आवत बा तs इंटरव्यू बोर्ड के ओह नंबर के एक्सप्लेन करे के होई।

असल में, BPSC के 75वां स्थापना दिवस समारोह में सीएम नीतीश कहले रहस्त कि जवन कवनो अभ्यर्थी परीक्षा देले आ  पास होले। जदि लिखित में जादे नंबर आवत बा तs इंटरव्यू में एतना कम नंबर काहे आइल? एहिसे जदि संदेह होखे तs जांच करीं।

एकरा के लेके आयोग के चेयरमैन अतुल प्रसाद अब फैसला ले लेले। बीपीएससी के तरफ से आज माने सोमार के प्रेस वार्ता के आयोजन कइल गइल। जहां ई जानकारी दिहल गइल।

आगे अतुल प्रसाद कहलें कि 75वां स्थापना दिवस समारोह के दौरान राज्यपाल कहले रहस कि हमनी के शिक्षा व्यवस्था जॉब सीकर ना, जॉब गिवर्स के होखे के चाहीं। एही बात के धेयान में राखत हमनी लोग अब ई फैसला लेले बानी कि अभी अइसन कइयन गो पाठ्यक्रम बा, जवन कि खाली नौकरी आ बिहार लोक सेवा आयोग खातिर पढ़ावल जाला। अब हमनी के कोसिस ई रही कि अइसन पाठ्यक्रम के हमनी के हटाई। ओह पाठ्यक्रम के ले आई, जवन जादे प्रासंगिक बा आ जवना से लोगन के जादे रोजगार मिल सकत बा।

68वीं मेंस परीक्षा तिथि मे कइल गइल बदलाव

चेयरमैन बतवलें कि ढेरे अभ्यर्थियन के ई परेसानी रहे कि 68वीं मैंस के परीक्षा तिथि आ आउर बोर्ड के परीक्षा तिथि मैच होत रहे। एह कारण से एकर परीक्षा तिथि में बदलाव कइल गइल बा। 12 मई 2023 के GS-1 के परीक्षा होई, एकरा बाद 17 मई के GS-2 पहिला पाली में आ दूसरी पाली में हिंदी विषय के परीक्षा होई। 18 मई के पहिला पाली में निबंध के परीक्षा आ दूसरा पाली में ऑप्शनल विषय के परीक्षा होई। बता दीं कि पहिले बीपीएससी 68 वीं के परीक्षा 12 से लेके 15 मई तक होखे के रहे

अब कंबाइंड परीक्षा के तौर पs होई BPSC-PT, 69वीं से लागू होई नया सिस्टम

BPSC के 69वीं प्रारंभिक परीक्षा में सुधार के घोषणा कइल गइल। अतुल प्रसाद बतवलें कि 69वीं PT के कंबाइंड परीक्षा के रूप में करावल जाई। एकर मतलब बा कि अब बिहार पुलिस सेवा, प्रशासनिक सेवा के संगे आयोग के स्तर पs अलग-अलग लिहल जाये वाला परीक्षन के एकसंगे PT के तौर पs लिहल जाई। एकरा खातिर सब विभागन से रिक्त पदन के संख्या मांगल गइल बा। हर सेवा के परीक्षन खातिर अलग-अलग कटऑफ निर्धारित कइल जाई।

आयोग कंबाइड PT के तइयारी लमहर समय से करत रहे। आज एकर घोषणा कs दिहल गइल कि 69वीं PT से एकरा के लागू कs दिहल जाई। कैलेंडर के मोताबिक 69वीं BPSC-PT सितंबर 2023 में संभावित बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]