Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

एचसीए अवार्ड 2023 : ऑस्कर से पहिले RRR हॉलीवुड पे हिट भइल, एसएस राजामौली के दहाड़ – ‘हमार भारत महान’

राम चरण आ जूनियर एनटीआर के फिल्म आरआरआर हॉलीवुड क्रिटिक्स एसोसिएशन अवार्ड्स 2023 में चार गो अवार्ड जीत चुकल बिया. एह दौरान निर्देशक एस एस राजामौली एगो अद्भुत भाषण दिहलन आ ‘माई इंडिया इज ग्रेट’ कह के सभकर दिल जीत लिहलन | एह सिनेमा के गाना भी ऑस्कर खातिर नामांकित बा।

480

एचसीए अवार्ड 2023 : ऑस्कर से पहिले RRR हॉलीवुड पे हिट भइल, एसएस राजामौली के दहाड़ – ‘हमार भारत महान’

राम चरण आ जूनियर एनटीआर के फिल्म आरआरआर हॉलीवुड क्रिटिक्स एसोसिएशन अवार्ड्स 2023 में चार गो अवार्ड जीत चुकल बिया. एह दौरान निर्देशक एस एस राजामौली एगो अद्भुत भाषण दिहलन आ ‘माई इंडिया इज ग्रेट’ कह के सभकर दिल जीत लिहलन | एह सिनेमा के गाना भी ऑस्कर खातिर नामांकित बा।

राम चरण आ जूनियर एनटीआर अपना फिलिम आरआरआर से विदेश में देश के मशहूर कर रहल बाड़े| एक तरफ देशवासी ऑस्कर (13 मार्च) के इंतजार करत बाड़े काहे कि एकर गाना ‘नाटू नाटू’ नामांकित हो गइल बा बाकिर ओकरा पहिले एगो बढ़िया खबर सामने आइल बा| हॉलीवुड क्रिटिक्स एसोसिएशन अवार्ड 2023 में एह फिलिम के चार गो अवार्ड मिलल बा| एह दौरान एसएस राजामौली भी एगो भाषण देले अउरी उ ‘मेरा भारत महान’ कह के सबके दिल जीत लिहले।

बियफे के रात हॉलीवुड क्रिटिक्स एसोसिएशन फिल्म अवार्ड में आरआरआर’ के चार गो अवार्ड मिलल| एकरा के राम चरण एंड जूनियर एनटीआर अभिनीत एक्शन फिल्म खातिर सर्वश्रेष्ठ एक्शन फिल्म, सर्वश्रेष्ठ अंतर्राष्ट्रीय फीचर, सर्वश्रेष्ठ मौलिक गीत आ सर्वश्रेष्ठ स्टंट के ट्रॉफी मिलल|

बेस्ट एक्शन मूवी जीतला के बाद दिहल भाषण में एसएस राजामौली कहले कि, ‘हमरा लागता कि हमरा बैकस्टेज में जाके जांच करे के जरूरत बा… हमरा लागता कि हम पहिलही से आपन पाँख बढ़े शुरू क देब… दोसरा के संगे! राऊर खूब-खूब धन्यवाद! बहुत कुछ मतलब बा! एकर केतना मतलब बा हम शब्दन में नइखीं बता सकत…. उ आपन जीत देश के समर्पित कईले अउरी कहले- ‘हमार भारत महान बा।’

एह अवार्ड शो में राम चरण भी भारत प्रेसेंटेटर बनले। भारत में ऊ अकेला अभिनेता हउवें जे अइसन कइले बाड़न| सोशल मीडिया पे उनकर वीडियो के बोलबाला बा। प्रशंसक उनुकर कड़ा तारीफ करत बाड़े|

 

ऑस्कर के बहुते उम्मीद बा

ऑस्कर 2023 के आयोजन 13 मार्च के होखी| एहमें आरआरआर के नाटू नाटू गाना के बेस्ट ओरिजिनल सांग खातिर नामांकित कइल गइल बा| फिलहाल आरआरआर के पूरा टीम लॉस एंजिल्स में बा। एकरा से पहिले नाटू नाटू सांग के गोल्डन ग्लोब अवार्ड मिलल बा|

479350cookie-checkएचसीए अवार्ड 2023 : ऑस्कर से पहिले RRR हॉलीवुड पे हिट भइल, एसएस राजामौली के दहाड़ – ‘हमार भारत महान’

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.