झारखंड के हजारीबाग में महाशिवरात्रि पs भारी बवाल

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 26, 2025

हजारीबाग में महाशिवरात्रि के मौका पs दु समूह के बीच झड़प भईल।  जानकारी के मुताबिक इचाक प्रखंड अंतर्गत डुमरौन गांव में दु समुदाय के बीच हिंसक झड़प के खबर बा।  एह दौरान दुनो ओर से

Share

हजारीबाग में भारी बवाल

हजारीबाग में महाशिवरात्रि के मौका पs दु समूह के बीच झड़प भईल।  जानकारी के मुताबिक इचाक प्रखंड अंतर्गत डुमरौन गांव में दु समुदाय के बीच हिंसक झड़प के खबर बा।  एह दौरान दुनो ओर से भारी पत्थरबाजी अवुरी आगजनी भईल। 

कई लोग गंभीर रूप से घायल हो गईले

एह घटना में बहुत लोग गंभीर रूप से घायल हो चुकल बाड़े।  बदमाश तीन बाइक अवुरी एगो कार में आग लगा देले।  कुछ अवुरी दुपहिया अवुरी तीन पहिया गाड़ी के भी तोड़फोड़ भईल।  हालात तनावपूर्ण बा बाकिर काबू में बा.  पुलिस स्थिति के काबू में ले आईल बिया। 

विवाद काहे भईल?

बतावल जाता कि भारत चौक पs महाशिवरात्रि के झंडा अवुरी लाउडस्पीकर लगावे के लेके आज सबेरे दु समूह के बीच विवाद शुरू हो गईल।  एकरा बाद बदमाश खिसिया के ओहिजा खड़ा बाइक में आग लगा देले।  दुनो पक्ष के बीच स्थिति बिगड़त देख पुलिस के सूचना दिहल गईल।  मौका पs पहुंचल पुलिस मामला के शांत करे में व्यस्त बिया। फिलहाल उहाँ के स्थिति काबू में बा।  भारी पुलिस बल एह हालात पs नजर राखत बिया.

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.