[the_ad_group id="30365"]

Haunted Transformer: बिहार के समस्तीपुर जिला में भूतिया ट्रांसफार्मर, जानि पूरा बात?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के समस्तीपुर जिला से एगो अजीब मामला सोझा आइल बा। जिला के शिवजीनगर प्रखंड के रहतौली पंचायत वार्ड नम्बर 5 के महादलित टोला में बार-बार ट्रांसफार्मर में आग लागे की घटना हो रहल बा। जवना के चलते परेशान लोग मान लेले बाड़े कि ट्रांसफार्मर में कवनो भूत सवार बा।

मिस्त्री भूत के शक जतवले

गांव के लोग के मुताबिक एक महीना से जादे समय से ट्रांसफार्मर में आग लागे के घटना बार-बार होखत रहे। गांव के लोग भी कई बेर बिजली विभाग के एह बारे में जानकारी देले। हर बेर बिजली विभाग के ओर से मौका पs भेजल मिस्त्री ट्रांसफार्मर के मरम्मत करत रहले, बाकी ओकरा बाद आग लाग जाला। परेशान होके मिस्त्री गांव के लोग के बतवले कि ट्रांसफार्मर में भूत के सतावत बा। गांव के लोग के शिकायत पs बिजली विभाग के ओर से कवनो अधिकारी के मौका पs ना भेजल गइल।

भगत शंका के गलत कहले

आखिर में गाँव के लोग भी मिस्त्री साहब के बात पर विश्वास कर लिहल आ गाँव के लोग एगो भगत के बोलवलख गाँव से भूत के भगावे खातिर। एकरा खातीर भगत के ट्रांसफार्मर से भूत के भगावे के कहल गइल। एक समय पूरा गाँव के सामने भगत भूत के भगावे खातिर पूजा करे लगले। मीडिया से बात करत एगो गांव के आदमी बतवले कि गांव के लोग के बोलावल भगत पूजा के बाद लोग के बतवले कि ट्रांसफार्मर के कवनो भूत ना सतावत बा, बाकी जूनियर इंजीनियर के गलती के चलते इ बार-बार फेल हो जाता आ आग लाग जाता।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]