[the_ad_group id="30365"]

हाथरस हादसा: ‘भोले बाबा’ के सेवादार कुल भीड़ पs चलइले लाठी, जानीं पूरा मामिला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

 

 

हाथरस में सत्संग के दौरान भईल दुर्घटना पूरा देश के झकझोर देले बा। मंगल के सत्संग के दौरान भईल भगदड़ के चलते अबे ले 121 लोग के मउत हो चुकल बा। सीएम योगी दुर्घटना के दोषी के खिलाफ कड़ा कार्रवाई के आदेश देले बाड़े जानकारी के मुताबिक अब एs भगदड़ के शुरू करे में बाबा के नौकर के भूमिका के संदिग्ध मानल जाता। बतावल जाता कि सेवा कर्मी भीड़ के काबू में लाठी के इस्तेमाल कईले। जवना के चलते भगदड़ मच गईल।

बाबा के मैनेजर तलास

यूपी पुलिस बाबा के पैतृक गांव के संपत्ति पs बनल ट्रस्ट के प्रबंधक एसके सिंह के भी तलाश में जुटल बिया। जानकारी के मुताबिक बाबा के मैनेजर एसके सिंह मोबाइल बंद कs देले बाड़े अवुरी पुलिस लगातार उनुका से संपर्क करे के कोशिश करतिया।

हाथरस में भारी पुलिस बल तैनात

हाथरस घटना स्थल पs पीएसी के तीन कमांडेंट पहुंचल बाड़े। आगरा, एटा, अलीगढ़ से पीएसी कंपनी हाथरस चहुँप गइल बाड़ी सँ. एनडीआरएफ आ एसडीआरएफ के 2 कंपनी भी मौका पs बा। हाथरस में भईल मौत के घटना के गंभीरता के देखत भारी पुलिस बल के तैनाती कईल गईल बा। फोरेंसिक टीम आ डॉग स्क्वाड टीम भी हाथरस घटना स्थल पs पहुँचल बा। फोरेंसिक टीम घटना स्थल से सगरी सबूत एकट्ठा करी.

कोरोना के समय भी कानून तोड़ल गईल

जानकारी के मुताबिक मई 2022 में जब देश में कोरोना के लहर चलत रहे तs भोले बाबा फर्रुखाबाद में सत्संग के आयोजन कईले रहले। जिला प्रशासन सत्संग में मात्र 50 लोग के आवे के अनुमति देले रहे, लेकिन कानून के उल्लंघन करत, इहाँ जुटल भीड़ के चलते शहर के यातायात प्रणाली गिर गईल। ओह घरी भी जिला प्रशासन आयोजकन के खिलाफ रिपोर्ट दर्ज करवले रहे।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]