[the_ad_group id="30365"]

Hathras Stampede : हाथरस भगदड़ के मुख्य आरोपी मधुकर गिरफ्तार, ओकर वकील कहलें सरेंडर कइलस 

मुख्य आरोपी देवप्रकाश मधुकर, साकार हरि बाबा
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हाथरस भगदड़ ममिला में पुलिस बड़ कार्रवाई कइले बिया। सुक के यूपी पुलिस मुख्य आरोपी देव प्रकाश मधुकर के गिरफ्तार कs लेलस। मधुकर के उत्तर प्रदेश पुलिस देस के राजधानी दिल्ली से गिरफ्तार कइलस। हाथरस भगदड़ के बाद मुख्य आरोपी मधुकर पs एक लाख रुपिया के इनाम घोषित कइल गइल रहे। आज मधुकर के हाथरस अदालत में पेशी होई। मधुकर के वकील के दावा बा कि देवप्रकाश सरेंडर कइले बा। हाथरस के एसपी के कहनाम बा कि मधुकर के गिरफ्तारी राह चलते भइल बा।

जानकारी मिलल बा है कि मधुकर दिल्ली के नजफगढ़-उत्तम नगर के एगो अस्पताल में सरेंडर कइलस। यूपी पुलिस अस्पताल में पहुंचल रहे। एकरा बाद मधुकर सरेंडर कइलस। गिरफ्तारी के बाद हाथरस पुलिस मधुकर से पूछताछ में जुटल बिया।

हाथरस भगदड़ ममिला में पुलिस अभी तक सात लोगन के गिरफ्तार कs लेले बिया। दु जुलाई के हाथरस के सिकंदरामऊ के ग्राम फुलरई मुगलगढ़ी में सूरज पाल उर्फ नारायण साकार हरि भोले बाबा के सत्संग के बाद मचल भगदड़ में 121 भक्तन के मौत हो गइल रहे। एमे 112 महिला, दु पुरूष, छव गो लईका आ एगो बच्ची बिया।

सब शवन के पहचान हो गइल बा आ पोस्टमार्टम के प्रक्रिया पूरा हो गइल बा। ममिला में भारतीय न्याय संहिता के धारा-105, 110, 126(2), 223 आ 238 के अंतर्गत ममिला दर्ज कइल गइल बा। एकरा पहिले छव लोगन के गिरफ्तार कइल जा चुकल बा।

राह चलते भइल गिरफ्तारी

कांड के मुख्य आरोपी आ एक लाख के इनामी देवप्रकाश मधुकर के हाथरस पुलिस के टीम गिरफ्तारी कs लेले बिया ई गिरफ्तारी दिल्ली में सड़क से राह चलते भइल बा। अस्पताल से कवनो गिरफ्तारी नइखे कइल गइल। बाकी तमाम जानकारी सनीचर के पूछताछ के बाद साझा कइल जाई।
-निपुण अग्रवाल, एसपी हाथरस

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]