[the_ad_group id="30365"]

हाथरस के सांसद राजवीर दिलेर के हृदय गति रुकला से मौत, घरे अचानक हो गइल रहलें बेहोश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अलीगढ़। उत्तर प्रदेश के हाथरस जिला के सांसद राजवीर दिलेर के बुध के हृदय गति रुकला से मौत हो गइल उनका निधन के खबर से परिवार आ समर्थकन में शोक के लहर बा। प्राप्त जानकारी के अनुसार सांसद अलीगढ़ स्थित अपना आवास पऽ रहलें तबे अचानक बेहोश हो गइले। आनन फानन में लोग उनका के अस्पताल लेके पहुंचल जहां डाक्टर मृत घोषित कर देलस।

राजवीर सिंह दिलेर 2019 में हाथरस लोकसभा सीट से 2.60 मत से जीतल रहले। 2024 चुनाव में पार्टी उनकर टिकट काट देले रहे। उनका जगही पऽ राजस्व राज्य मंत्री अनूप वाल्मीकि के प्रत्याशी बनावल गइल बा। टिकट कटला के बादो राजवीर सिंह दिलेर लगातार पार्टी खातिर काम करत रहले।

हाथरस आ अलीगढ़ के कार्यक्रम में शामिल होखत रहले। दू दिन पहिले प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के अलीगढ़ में जनसभा में उऽ मंच पऽ रहले। राजवीर सिंह दिलेर के पिता किशनलाल दिलेरो भाजपा के दिग्गज नेता रहले। उऽ लगातार पांच बेर विधायक आ चार बेर सांसद रहले। राजवीर दिलेर के निधन के खबर से क्षेत्र में शोक के लहर दउड़ गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]