[the_ad_group id="30365"]

हाथरस हादसा: घटना के बाद संत प्रेमानंद रात के पदयात्रा कइलें बंद, कहलें – रास्ता में ना होखीं खड़ा, नाहीं भीड़ लगाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हाथरस हादसा के बाद संत प्रेमानंद महाराज रात के पदयात्रा बंद कऽ देले बाड़न। लोगन से अपील कइलें कि रास्ता में ना खड़ा होखीं, नाहीं भीड़ लगाई।

हाथरस में सत्संग स्थल पs भइल भगदड़ के घटना के बाद वृंदावन के संत प्रेमानंद महाराज अब रात के समय सड़क पs अनिश्चित काल खातिर भक्तन से ना मिलिहें। उऽ भक्तन से रात्रि के समय संत दर्शन खातिर रास्ता में खड़ा ना होखे आ भीड़ लगावे से मना कइले बाड़न।

संत प्रेमानंद के रमणेरती क्षेत्र इस्थित श्रीहित राधा केली कुंज आश्रम से जारी पत्र में कहल गइल बा कि हाथरस में भइल घटना दुर्भाग्यपूर्ण बा आ ह्रदय विदारक बा। एमें हमनीं सब के संवेदना उनका परिजन के साथे बा। उऽ ठाकुरजी से प्रार्थना कइलें कि भविष्य में अइसन कवनो घटना ना घटे।

उऽ अपना अनुयायियन के संदेश देले कि हाथरस के घटना के देखत सावधानी के तौर पs संत प्रेमानंद महाराज अपना छटीकरा मार्ग इस्थित निवास स्थान से रात 2.15 बजे से पद यात्रा करत अपना आश्रम श्रीहित राधा केलि कुंज जात रहलें। एह दौरान श्रद्धालु उनकर दर्शन करत रहलें। उऽ अनिश्चित काल खातिर बंद कऽ दिहल गइल बा। उऽ श्रद्धालुन के संदेश देले कि उऽ रात में रास्ता में दर्शन खातिर खड़ा ना होखस आ नाहीं रास्ता में कवनो प्रकार के भीड़ लगावस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]