[the_ad_group id="30365"]

Hathras Stampede : भोले बाबा सत्संग में नाहीं रहे सुरक्षा के पुख्ता इंतजाम, एह वजह से मचल भगदड़

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

हाथरस में भोले बाबा के सत्संग के दौरान भईल भगदड़ में लगभग 100 लोग के मौत हो गईल अवुरी 100 से जादे भक्त घायल होखे के बात कहल जाता। घायल में से बहुत लोग के हालत गंभीर बा। अयीसना में मरेवाला के संख्या बढ़ सकता। मरेवाला लोग में अधिकांश महिला बाड़ी। घटना सिकंदराराऊ थाना के फुलवरिया के हs.

इहाँ मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ हाथरस जिला में भईल दुर्घटना के संज्ञान लेत मरेवाला के शोक संतप्त परिवार के प्रति संवेदना जतवले बाड़े। मुख्यमंत्री अधिकारी लोग के तुरंत मौका पs पहुंचले अवुरी राहत के काम में तेजी ले आवे के निर्देश देले बाड़े।

सुरक्षा के कवनो पर्याप्त इंतजाम ना रहे

एs दुर्घटना में प्रशासन के लापरवाही सोझा आईल बा। सुरक्षा के कवनो उचित व्यवस्था ना रहे। क्षमता से जादा भक्त जुट गईल रहले। प्रत्यक्षदर्शी के मुताबिक सत्संग खतम होखला के बाद बाहर निकले के हड़बड़ी में भगदड़ मच गईल। कुछ ही देर में हालात बिगड़ गईल अवुरी लोग एक दूसरा के नीचे दब गईले। भगदड़ में बहुत लोग आपन जान गंवा दिहले।

घटना स्थल पs बहुत देर ले कवनो राहत के काम शुरू ना भईल। मरेवाला के परिजन बतवले कि, ‘पुलिस प्रशासन के लापरवाही के चलते इs भयावह दुर्घटना भईल बा। रात से जाम लागल रहे। पुलिस जाम खोलते ही भगदड़ मच गईल।

हाथरस दुर्घटना के जांच खातीर समिति बनावल गईल बा। समिति एडीजी आगरा जोन के नेतृत्व में जांच करी। अलीगढ़ आयुक्त भी जांच करीहे।

इहे दुर्घटना के कारण भी बा

जानकारी के मुताबिक प्रवचन खतम भईला के बाद भक्त भोले बाबा उर्फ ​​उर्फ ​​साकार हरिभोले के गाड़ी के पीछे भाग गईले। भक्त लोग बाबा के गोड़ छू के आशीर्वाद लेबे के चाहत रहे। एकरा चलते भगदड़ मच गईल।

भोले बाबा उर्फ ​​साकार हरिभोले बाबा के असली नाम नारायण साकार हरि हs। ई बाबा सत्संग में कहत रहले कि पहिले हम आईबी में काम करत रहनी। उत्तर प्रदेश के हाथरस जिला के सिकन्दराराऊ इलाका के गाँव फुलरई मुगलगढ़ी में प्रवचन चलत रहे।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]