[the_ad_group id="30365"]

हरियाणा: यूनिवर्सिटी कैंपस में प्रोफेसर 8 साल के बेटी के गला रेतलस, पेट चीर के निकाल दिहलस आंत, खुदो कs लिहलस सुसाइड

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हरियाणा के हिसार जिला से एगो चौंकावे वाला घटना सोझा आईल बा। इहाँ अतवार के सांझ के एगो प्रोफेसर अवुरी उनुका 8 साल के बेटी के लाश विश्वविद्यालय परिसर में स्थित उनुका कार्यालय में मिलला पs हड़कंप मच गईल। पुलिस इs जानकारी देले बिया। मरेवाला के पहचान संदीप गोयल (35 साल) के रूप में भईल बा, जवन कि हिसार के लाला लाजपत राय पशु चिकित्सा अवुरी पशु विज्ञान विश्वविद्यालय में काम करत रहले।

पूरा मामिला का बा?

गोयल आ उनकर परिवार विश्वविद्यालय परिसर में रहत रहे। पुलिस के कहनाम बा कि मरेवाला लोग के गला रेतल मिलल बा अवुरी गोयल के कार्यालय से लाश बरामद भईल बा। एगो पुलिस अधिकारी बतवले कि गोयल के अवसाद के इलाज चलत रहे। पुलिस के कहनाम बा कि, मामिला के सभ पहलू के ध्यान में राखत जांच कईल जाता।

प्रोफेसर साहब खुदे अपना बेटी के हत्या कs दिहलस?

मिलल जानकारी के मुताबिक प्रोफेसर अपना बेटी के गला रेत देले अवुरी ओकरा बाद सर्जिकल ब्लेड से खुद के गला काट के आत्महत्या कs देले। प्रोफेसर मूल रूप से नरवाना के निवासी रहले अवुरी पत्नी नीतू गोयल अवुरी एकलौती बेटी के संगे लुवास के सरकारी क्वार्टर में रहत रहले। साँझ के ऊ ई कह के घर से निकलल कि लइकी के घुमावे खातिर ले जाइब। जब उs बहुत देर तक ना लवटले त उनुकर पत्नी खुद उनुका के खोजे गईली। बाद में विश्वविद्यालय परिसर से दुनो के लाश बरामद भईल।

मिलल जानकारी के मुताबिक प्रोफेसर अपना बेटी के पेट भी फाड़ देलस अउर आंत भी बाहर निकाल लेलस। एह पूरा घटना में सर्जिकल ब्लेड के इस्तेमाल भईल बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]