[the_ad_group id="30365"]

हरियाणा: नूंह में 28 अगस्त के निकले वाला यात्रा के लेके धारा 144 लागू, इंटरनेट सेवा सस्पेंड, अधिकारी के बयान सामने आइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

नुह : हरियाणा के नुह जिला में 28 अगस्त के ब्रज मंडल शोभा यात्रा के फेर से शुरू होखे के संबंध में धारा 144 लगावल गईल बा। नुह उपायुक्त धीरेंद्र खड़गटा कहले कि, हमनी के यात्रा (ब्रज मंडल शोभा यात्रा) के आयोजन से इनकार क देले बानी। तबो कुछ लोग एह यात्रा के संचालन करे के बात कहले बा.। हमनी के धारा 144 लगा देले बानी।

इंटरनेट सेवा फेर से स्थगित, एतना दिन तक रोक लगा दिहल जाई

नुह में एक बेर फेरु इंटरनेट सेवा बंद करे के फैसला भइल बा। नुह के उपायुक्त धीरेंद्र खड़गटा बतवले कि नुह में 27 अगस्त के 12 बजे से आधा रात से 29 अगस्त के 12 बजे तक इंटरनेट सेवा बंद क दिहल बा।

पुलिस टीम पs हमला

एकरा से पहिले जुलाई महीना में नुह में भईल हिंसा में शामिल एगो संदिग्ध के गिरफ्तार करे आईल पुलिस टीम पs हमला भईल। घटना सिंगार गांव के तब भईल जब क्राइम ब्रांच पुन्हाना यूनिट के टीम इरशाद नाम के एगो संदिग्ध के गिरफ्तार करे गईल रहे।

मेहरारू लोग पर भी पत्थरबाजी

पुलिस के मुताबिक जब इरशाद के बस स्टैंड से पकड़ल गईल त उहाँ मौजूद स्थानीय लोग के क्राइम ब्रांच के टीम से बहस भईल, जवना के बाद लोग इरशाद के बचा के गांव के ओर भाग गईले। यूनिट महिला पुलिसकर्मी समेत अतिरिक्त बल के बोला के गांव में घुस गईल, जहां महिला के एगो समूह पत्थर से हमला कईलस।

ए हमला में सब इंस्पेक्टर विनीत अवुरी सिपाही अमर सिंह समेत तीन जवान घाही हो गईले। हमलावर के तितर-बितर करे खातीर पुलिस के हवाई फायरिंग के सहारा लेवे के पड़ल।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]