[the_ad_group id="30365"]

हरियाणा पुलिस साइबर क्राइम के आरोप में बिहार से जुवक के कइलस गिरफ्तार, 2 करोड़ रुपिया के ठगी के बा ममिला 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जिला के खैरा थाना क्षेत्र इस्थित खैरा बाजार से हरियाणा पुलिस एगो साइबर अपराधी के गिरफ्तार कइले बिया। बतावल जात बा कि दु करोड़ के साइबर फ्रॉड के ममिला में हरियाणा राज्य के बदरपुर जिला के पुलिस सुक के सांझ ओकरा के गिरफ्तार कइलस। गिरफ्तारी के पुष्टि खैरा थानाध्यक्ष सिद्धेश्वर पासवान कइलें बाड़े। हालांकि एकरा बारे में विस्तार से जानकारी नइखे मिल सकल।

बदरपुर जिला के पुलिस मरलस छापा 

घटना के संबंध में ई बतावल जा रहल बा कि बदरपुर जिला के पुलिस सुक के खैरा थाना पहुंचल। एह दौरान खैरा पुलिस के सहजोग से छापेमारी कइल गइल आ उक्त जुवक के गिरफ्तार कs लेहल गइल। गिरफ्तार जुवक के पहचान खैरा बाजार निवासी सूरज मोदी, पिता बजरंगी मोदी के रूप में कइल गइल बा।

जुवक के खिलाफ दु करोड़ रुपिया के ममिला दर्ज

पुलिस सूत्रन के मानल जाव तs उक्त जुवक के खिलाफ दु करोड़ रुपिया के ठगी के ममिला दर्ज बा। बतावल जात बा कि आरोपी हरियाणा के बदरपुर बॉर्डर में रहत रहे। उहवें से ऊ कइयन लोगन के साइबर क्राइम के माध्यम से ठगी के शिकार बनवले रहे। सूरज कुमार के गिरफ्तारी खातिर हरियाणा पुलिस के टीम सुक के खैरा पहुंचल रहे। खैरा पुलिस के सहजोग से आरोपी सूरज कुमार के गिरफ्तार कइल गइल बा। ठगी के पईसन से साइबर अपराधी दिल्ली में फ्लैट, जमुई में नया गाड़ी, लखीसराय में 90 लाख रुपिया कीमत के जमीन अर्जित कइले बा।

हरियाणा पुलिस गिरफ्तार जुवक से कर रहल बिया पूछताछ

पुलिस ओकरा आपराधिक इतिहास के छानबीन कर रहल बिया आ हरियाणा पुलिस के ट्रांजिट टीम ओकरा के रिमांड पs अपना साथे ले जाये के तइयारी कर रहल बिया। फिलहाल गिरफ्तार अपराधी के खिलाफ केतना ममिला दर्ज बा, एकर जानकारी नइखे मिल सकल। समाचार लिखल जाये तक हरियाणा पुलिस गिरफ्तार जुवक से पूछताछ करत रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]