[the_ad_group id="30365"]

Big Breaking: हरियाणा CM खट्टर कैबिनेट समेत इस्तीफा देलें : भाजपा-जजपा गठबंधन टूटल, ऐलान बाकी ; CM चेहरा बदलल जा सकत बा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लोकसभा चुनाव से पहिले हरियाणा में भाजपा आ जननायक जनता पार्टी (जजपा) के गठबंधन टूट गइल बा। बस ऐलान बाकी बा। मानल जा रहल बा कि जजपा हरियाणा में 1 से 2 लोकसभा सीट मांगत रहे, जबकि भाजपा के केंद्रीय नेतृत्व आ राज्य संगठन सब 10 सीटन पs खुद लड़े के पक्ष में बा। इहे टूट के वजह बा।

सीएम मनोहर लाल खट्‌टर चंडीगढ़ में राजभवन पहुंचके कैबिनेट समेत सामूहिक इस्तीफा दे देलें बाड़ें। हरियाणा में सीएम चेहरा बदलला के चरचा बा। हालात के देखत भाजपा पर्यवेक्षक के तौर पs अर्जुन मुंडा आ तरुण चुघ के चंडीगढ़ भेजले बिया।

गठबंधन टूटला के बावजूद भाजपा के लगे बहुमत

हरियाणा में जजपा से गठबंधन टूटल बाकिर बहुमत भाजपा के लगे बा। हरियाणा में 90 विधानसभा सीट बा। जेमे से भाजपा के लगे खुद के 41 MLA, 6 निर्दलीय आ एगो हलोपा विधायक के समर्थन बा माने भाजपा के लगे 48 विधायक बा। बहुमत खातिर 46 सीट चाहीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]