[the_ad_group id="30365"]

हरियाणा: पूर्व डिप्टी CM दुष्यंत चौटाला के काफिला पs हमला, अज्ञात लोग गाड़ी के शीशा तोड़ले

दुष्यंत चौटाला के काफिला पs हमला: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

हरियाणा के जिंद जिला के उचाना कलां विधानसभा में काल्हु रात एगो बड़हन घटना भइल. देर रात उचाना कलां में पूर्व डिप्टी सीएम दुष्यंत चौटाला के काफिला प हमला हो गईल। काफिला के गाड़ी के अनजान लोग निशाना बनवले बाड़े।

मिलल जानकारी के मुताबिक जब दुष्यंत चौटाला जनसभा के संबोधित करत रहले तs युवक हंगामा मचवले। बाद में अनजान लोग दुष्यंत के काफिला के गाड़ी पs हमला कs देले। मौका पs पहुंच के भारी संख्या में पुलिस घटना के जायजा लेलस। अनजान लोग गाड़ी पs ईंट-पत्थर से हमला कs के शीशा तोड़ देले।

दुष्यंत के साथे मौजूद रहले चंद्रशेखर रावण 

बता दीं कि रोड शो के माध्यम से जेजेपी आ एएसपी प्रचार करत रहे। एह रोड शो में दुष्यंत के साथे चंद्रशेखर रावण भी मौजूद रहले. अचानक भईल एs हमला से हरियाणा के राजनीति में हलचल मच गईल बा। पुलिस भी मौका पs पहुंच गईल बिया अवुरी जांच जारी बा। चुकी मामला हाई प्रोफाइल बा एहसे पुलिस प्रशासन भी बहुत सावधानी बरताता।

हरियाणा में कब चुनाव हो रहल बा?

राज्य में 5 अक्टूबर के एकही चरण में चुनाव होखे वाला बा। वोट के गिनती 8 अक्टूबर के होई।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]