[the_ad_group id="30365"]

Harry Potter फेम एक्ट्रेस मैगी स्मिथ 89 के उमिर में कइली एह दुनिया के अलविदा

Harry Potter फेम एक्ट्रेस मैगी स्मिथ के निधन: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

हैरी पॉटर आ डाउनटन एबी में अपना भूमिका से दुनिया भर के प्रशंसकन के दिल पs राज करे वाली हॉलीवुड अभिनेत्री डेम मैगी स्मिथ के 89 बरीस के उमिर में निधन हो गइल बा. ब्रिटिश फिल्म मंच आ परदा पs गहिराह छाप छोड़े वाली मैगी स्मिथ अपना फिल्मी कैरियर में बहुते पुरस्कार जीत चुकल रहली.

मैगी स्मिथ के मउत के लेके उनुकर बेटा एगो आधिकारिक बयान जारी कईले बाड़े। उनुकर बेटा टोबी स्टीफंस अवुरी क्रिस लार्किन कहले कि, ‘बहुत दुख के संगे हमनी के डेम मैगी स्मिथ के निधन के बारे में बतावत बानी जा ।’

मैगी स्मिथ के फिल्मी कैरियर

डेम मैगी के फिल्मी कैरियर आठ दशक ले लोग के दिल पs राज कइल. उनकर एह काम के पहिला बेर पहचान तब मिलल जब 1958 में उनुका पहिला बेर बाफ्टा नॉमिनेशन ‘नोव्हेयर टू गो’ खातिर मिलल. 1963 में लॉरेंस ओलिवियर द्वारा नेशनल थियेटर में ओथेलो में डेसडेमोना के भूमिका के ऑफर दिहल गइल। दू साल बाद जब एs के फिलिम बनावल गइल तs मैगी स्मिथ के पहिला बेर ऑस्कर नामांकन मिलल. मैगी स्मिथ के 1970 में द प्राइम ऑफ मिस जीन ब्रॉडी आ 1979 में कैलिफोर्निया सूट खातिर ऑस्कर से सम्मानित कइल गइल बा। एतने ना उनुका के सात गो बाफ्टा अवार्ड से सम्मानित कइल गइल बा. अपना करियर के अंत में भी मैगी स्मिथ अभिनय के शौक ना छोड़ली। 2023 में रिलीज भइल ‘द मिरेकल क्लब’ में उनुकर अहम भूमिका रहल.

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]