हरमनप्रीत कौर लिहलीं बड़हन फइसला, तीनों फॉर्मेट के कप्तानी से दिहलीं इस्तीफा

By Shweta Supriya

Published on: Oct 6, 2026

दिल्ली। हाल में अपना कप्तानी में भारत के एशियन गेम्स-2026 में गोल्ड मेडल दिलावे वाली भारतीय महिला क्रिकेट टीम के कप्तान हरमनप्रीत कौर एगो बड़हन फइसला लिहलीं। ऊ मंगलवार के तीनों फॉर्मेट के कप्तानी से

Share

दिल्ली। हाल में अपना कप्तानी में भारत के एशियन गेम्स-2026 में गोल्ड मेडल दिलावे वाली भारतीय महिला क्रिकेट टीम के कप्तान हरमनप्रीत कौर एगो बड़हन फइसला लिहलीं। ऊ मंगलवार के तीनों फॉर्मेट के कप्तानी से इस्तीफा दे दिहलीं। ऊ एगो बयान जारी करके एह बात के जानकारी दिहलीं।

हरमनप्रीत कौर मिताली राज के बाद टीम के कप्तानी संभलले रहलीं आ भारत के पिछला साल पहिला बेर वनडे वर्ल्ड कप के खिताब जितवले रहलीं। उनकर कप्तानी में भारत तीनों फॉर्मेट में शानदार सफलता हासिल कइले बा।

आसान ना रहल फइसला

हरमनप्रीत कहलें कि उनका खातिर ई फैसला आसान ना रहल। ऊ लिखलीं, “आज, हम तीनों फॉर्मेट में भारतीय महिला क्रिकेट टीम के कप्तानी से इस्तीफा देत बानी। ई आसान फैसला ना रहल। एहमें ऊ सगरी याद, पल, भावना आ बलिदान शामिल बा, जवन जीवन भर हमरा साथे रही।”

ऊ लिखलीं, “हमरा लगे जवन कुछ रहे, ऊ सब हम एह टीम आ भारतीय महिला क्रिकेट खातिर दे दिहनी—हमार खून, हमार पसीना, हमार समय, कई बेर हमार खेल के एगो हिस्सा आ हमार जिनगी के लक्ष्य। अइसन बहुत मौका आइल, जब हम आपन निजी उपलब्धियन, निजी विकास आ जवन कुछ हम अपना खातिर चाहत रहनी, ओकरा के पीछे छोड़ दिहनी, काहेकि हमार मानना रहल कि टीम सबसे पहिले आवेला।”

कप्तानी में लिहलें मुश्किल फइसला

हरमनप्रीत लिखलीं कि कप्तानी के दौरान ऊ कई बेर मुश्किल फैसला लिहलीं, अइसन फैसला जवन हर बेर समझल ना गइल। ऊ कहलें कि उनकर मकसद खाली टीम के बेहतरी रहल।

ऊ लिखलीं, “एगो कप्तान के तौर पर हमरा मुश्किल फैसला लेवे पड़ल। अइसन फैसला, जवन हर बेर समझल ना गइल, जवन हमेशा आसान ना रहल आ कई बेर निजी नुकसान के कारण बनल, बाकिर हम हर फैसला एगो ही मकसद से लिहनी- टीम के अउरी बेहतर बनावे आ दूसर खिलाड़ी लोग के आगे बढ़े के मौका देवे खातिर, उनकरा पर भरोसा जतवला आ उनकरा के आपन सबसे बढ़िया रूप देवे खातिर।”

💬 Comments
?

No comments yet. Be the first to comment!

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.